वीरगंज मे परीक्षार्थी से पईसा लेके प्रश्नपत्र आउट करेवाला एक पकडईलें

वीरगंज ०१ भादो

वीरगंज मे त्रिभुवन विश्वविद्यालय के परीक्षा मे रोपेया लेके विद्यार्थी के पास करावेवाला क्रम अभी रुकल नईखे ।

शुक के दिने भईल बीबीएस दुसरका बरीस के लेखा विषय के परीक्षा मे भी वीरगंज स्थित ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के परीक्षार्थी से पईसा लेके प्रश्नपत्र आउट करके उत्तर मोबाइल के ह्वाट्सअप ग्रुप मे पठावल मिलल बा ।

आजु तिसरका दिन के परीक्षा मे मोबाइल के ह्वाट्सअप ग्रुप मे आईल उत्तर लिख रहल परीक्षार्थीलोग से १ सय ५० गो मोबाइल पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के बीबीएस दुसरका बरीस के परीक्षा बितल बुध से वीरगंज स्थित त्रिजुद्ध मावि मे चल रहल बा । परीक्षा के तिसरका दिन लेखा विषय के परीक्षा रहे । परीक्षा चल रहल समय मोबाइल के ह्वाट्सअप ग्रुप से उत्तर सार रहल अवस्था मे पुलीस परीक्षार्थीलोग से १५० थान मोबाइल नियन्त्रण मे लेहले बा ।

पुलीस एक जने परीक्षार्थी के भी नियन्त्रण मे लेहले बा । पकडाएवाला मे बारा के कलैया उपमहानगरपालिका ११ घर भईल ठाकुरराम क्याम्पस के परीक्षार्थी सिद्धार्थ चौधरी रहल बाडन । चौधरी के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे राखके आउर अनुसन्धान हो रहल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक निर्मल बुढाथोकी जानकारी देहनी ।

पुलीस के पकडल मोबाइलसब परीक्षा केन्द्र के केन्द्राध्यक्ष नवीन श्रीवास्तव सम्बन्धित विद्यार्थीलोग के फिर्ता देहले बाडन । जबकी त्रिभुवन विश्वविद्यालय परीक्षा नियमावली मे परीक्षाहल भितर परीक्षार्थी से परीक्षा के मर्यादा भंग होखेवाला किसिम के कउनो गतिविधि कईल मिलला मे सम्बन्धित परीक्षार्थी के परीक्षा हि रद्द करे सकेके भा कारबाही के खातिर त्रिवि परीक्षा बोर्ड मे सिफारिस करे सकेके अधिकार परीक्षा केन्द्र के केन्द्राध्यक्ष के रहल ठाकुरराम क्याम्पस के क्याम्पस प्रमुख रञ्जित यादव बतवनी ।

माकिर केन्द्राध्यक्ष मिश्र मोबाइल के ह्वाट्सअप ग्रुप मे आईल उत्तर उत्तरपुस्तिका मे सार रहल अवस्था मे मिलल परीक्षार्थीलोग के कउनो कारबाही ना करके परीक्षा ओरईला के बाद मोबाइलसब फिर्ता देहला से उनकर भूमिका उपर भी सवाल उठल बा ।

जिुद्ध मावि परीक्षा केन्द्र से शुक के दिने नियन्त्रण मे लेहल मोबाइल के प्रारम्भिक अनुसन्धान कईला पर उ ह्वाट्स ग्रपु मे १ हजार २२ जने परीक्षार्थी के मोबाइल नम्बर जुडल मिलल वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी निरीक्षक बिदुर शिवाकोटी बतवनी ।

एकरा से पहिले बितल बुध के दिने ठाकुरराम क्याम्पस के विद्यार्थी के परीक्षा मे पास करावे खातिर उत्तरपुस्तिका (कापी) हि बदल रहल अवस्था मे पुलीस क्याम्पस के परीक्षा शाखा के पूर्व प्रमुख मोहन यादव आ परीक्षा केन्द्र के केन्द्राध्यक्ष विनोद स्वर्णकार के रंगेहाथ पकडले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।