पत्रकार दुबे के मातृ शोक

वीरगंज २९ भादो

जन गुनासो डेली के सञ्चालक तथा ग्लोबल टेलिभिजन के बारा, पर्सा, रौतहट प्रमुख पत्रकार उमेश दुबे के मातृ शोक परल बा ।

बारा जिल्ला के फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. ७ गम्हरिया निवासी उनकर ममतामयी माई लक्ष्मी देवी के शुक के रात निधन भईल बा ।

मधुमेह आ मुटु रोग से ग्रसित माई लक्ष्मी देवी के ६७ बरीस के उमिर मे काठमाण्डु के शाहीद गङ्गालाल अस्पताल मे लम्हर समय से ईलाज करा रहला मे शुक के रात करिब १० बजे निधन भईल बा ।

लक्ष्मी देवी के पार्थिव शरिर शुक के रात मे हि आपन घर बारा के गम्हरिया लियाके शनिचर के दिने हिन्दू परम्परा मुताविक दाहसंस्कार करेके उनकर पारिवारिक श्रोत जनवले बा ।

पत्रकार दुबे के ममतामयी माई के निधन भर्ईला मे दिवगंत आत्मा के चिर शान्ति के कामना सहित ई दुःखद घडी मे शोक सन्तप्त परिवारजन मे धैर्य धारण करेके शक्ति मिलो कहके ई अनलाईन श्री पशुपतिनाथ से प्रार्थना करत हार्दिक श्रद्धाञ्जली अर्पण करता ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।