सरकार आ चिकित्सक संघ बीच ६ बुँदे सहमति, आन्दोलन के कार्जक्रम फिर्ता

काठमाण्डु ३१ भादो
सरकार आ आन्दोलनरत चिकित्सक संघ बीच ६ बुँदे सहमति भईल बा । सहमति सँगे चिकित्सकलोग आन्दोलन के सभी कार्जक्रम फिर्ता लेहले बाडन ।
भादो २७ गते हेटौंडा के सन्चो अस्पताल के डा. विकास थापा आ डा. प्रशान्त बिडारी उपर अस्पताल मे मरेजी के ईलाज मे खटल समय मे पिटपाट भईल रहे ।
ओकर विरोध मे देशभर के चिकित्सक आकस्मिक बाहेक के सेवा ठप्प कईला के बाद वार्ता भईल रहे ।
वार्ता मे सरकार चिकित्सक के हाथपात करेवाला के स्वास्थ्यकर्मी तथा स्वास्थ्य संस्था के सुरक्षा सम्बन्धी ऐन २०६६ मुताविक कारबाही अगाडि बढावेके आ प्रतिवद्धता जनवले बा ।
एहितरे चिकित्सकलोग के सेवा सुविधा सुरक्षा जनशक्ति परिचालन क्षमता अभिवृद्धि तथा विदेश जाएवाला प्रवृति कम करेके लगायत के समस्या समाधान करेवाला किसिम से ३ महिना भितर चिकित्सक सेवा सम्बन्धी विधेयक के मस्यौदा तईयार करे खातिर जरुरी प्रक्रिया अगाडि बढावेके सहमति भी भईल बा ।
नेपाल चिकित्सक संघ डाक्टर उपर आक्रमण करेवाला के कानुनी कारबाही के प्रक्रिया अगााडि बढावे खातिर दवाव देत एतवार के दिने देशभर के अस्पताल के आकस्मिक बाहेक के सेवा ठप्प कईला के बाद आजु अस्पताल मे पुगल मरेजी के ईलाज ना होके फिर्ता भईल रहलन ।






