वीरगंज बालसुधार गृह के दुरावस्था सुधार करे खातिर मानव अधिकारकर्मी के निहोरा

वीरगंज ०८ कुवार

वीरगंज के विर्तास्थित बालसुधार गृह मे विद्यमान दुरावस्था सुधार करे खातिर मानव अधिकारकर्मीलोग स्थानीय प्रशासन के ध्यानाकर्षण करवले बाडन ।

सुधार गृह मे खाना, पानी, शौचालय, दवाबिरो लगायत मे उचित व्यवस्थापन ना भईला से उहाँ राखल लईका आ किशोरलोग अनेकन समस्या सहेमे बाध्य हो रहल कहत मानव अधिकारीकर्मीलोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय के ध्यानाकर्षण करवले बाडन । वतन्त्र मानव अधिकार समाज के टोली बालसुधार गृह मे अनुगमन करे पुगला पर उहाँ रहल लईका आ किशोरलोग के खातिर उपलब्ध सुतेवाला कोठरी के कमी भईल, एगो कोठरी मे १४ जने तक के कोचके राखल, उपलब्ध खाना आ खाजा गुणस्तरहीन मिलल, सुतेवाला कोठरी मे पंखा के कमी भईल, दवाई ईलाज मे भी लापरबाही कईल, पुस्तकालय आ खेलकुद के सामान उपलब्ध ना करावल गईल लगायत के समस्या देखल गईल समाज के केन्द्रीय अध्यक्ष कृष्णकुमार खनाल बतवनी ।

इहे समस्या समाधान के खातिर सोमार के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे पुगके समाज के टोली सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिवप्रसाद लम्साल के लिखित रूप मे ध्यानाकर्षण करावल खनाल बतवनी ।

एकरा साथे सुधारगृह मे नियमित विद्युत आपूर्ति के खातिर जेनेरेटर के व्यवस्था करे खातिर, खानेपानी के उचित प्रबन्ध मिलावे खातिर, कोठरीसब मे पंखा राखेके, समय समय मे स्थानीय प्रशासन के ओरी से अनुगमन करे खातिर आ उहाँ सुरक्षारत ९ जने पुलीस के खातिर अलगे मेस सञ्चालन करे खातिर भी निहोरा कईल समाज के महासचिव दिपक साह जानकारी करवनी । साह के मुताविक सुधार गृह मे रहल १३१ जने लईका आ किशोरसब के ८ गो मात्र कोठरी मे राखल बा ।

सोमार के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे गईल टोली मे समाज के अध्यक्ष खनाल आ महासचिव साह सँगे उपाध्यक्ष नन्दकिशोर यादव, केन्द्रीय सदस्यलोग सोनाल गुप्ता, लालबाबु गुप्ता, निर्मला कुशवाहा, नन्दनि गुप्ता लगायत के भी सहभागिता रहे ।

वीरगंज के बाल सुधार गृह मे बितल भादो २६ गते उहाँ रहल लईकासब बीच विवाद होके झडप भईला पर ११ जने लईका आ तीन जने पुलीस घायल भईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।