रिलायन्स चिनि मिल के बदमासी, बंगरी नदि के आसपास के गाँव के लोग परसान, नियमनकारी निकाय मौन

प्रभु यादव

बारा २ कातिक

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २४ श्रीपुर मे रहल रिलायन्स सुगर एण्ड केमिकल प्रा.लि. के छाई से बगरी नदि के नजदिक रहल गाँव के लोग परसान भईल बाडन ।

किसान सब से खेती कईल ऊँख से तीन महिना कारखाना चला के बरिस भर नदि मे गन्धा गिरा के पानी गन्धा बनावला से परिसानी होरहल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १७ ब्रह्मपुरी के उमेश कुशवाहा बतावले बानी । हिन्दु धर्म मानेवाला लोग के नदि के पानी मे शुद्ध कर्म करेला सभे कार्य करे के परेला जवन गाँव के नजदिक छोड के किरकिचहा नदि मे करिब ३ किलो मिटर दुर पुगे के पर रहल कुशवाहा दुःख होरहल बतवले बानी ।

खेतीपाती करेवाला लोग नदि से बाली मे पानी पटावला पर बाली खराब होला जवना से बोरिङ भईल त पटावेला ना भईला लोग सुखा भईला से बाली उत्पादन कमि होखेला कहके कुशवाहा जानकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ के भोला यादव पहिले बगरि नदि मे भैंसी चरावे जात रहनी चिनि मिल के पानी आईला से मालजाल विमार पडेलालगला से चरावल छोड देहल जनकारी करावले बानी ।

जवन साल से चिनि कारखाना ऊँख के छोवा से इस्प्रीट बनावल सुरू कईलख तब से बगरि नदि के पानी मे गन्धगी बरीस भर कभो ना ओराईल कहके ब्रह्मपुरी के सिवलाल राउत जानकारी करावले बानी । धर्म संस्कार, गाई भैंसी, खेतीपाती मे पानी पटावेला, वातावरण प्रदुषण समेत मे खरावी पहुँचला से सभे लोग नदि के पानी के प्रयोग कईल छोड देहले बा राउत कहनी । कलैया १६ के पशु प्राविधिक अजय साह बगरी नदि मे नहावे भा चरावे लेगईल गाई भैंसी मे हरेक दिन एलर्जी, खाना ना खाएके, मानष्सिक रोग, पेट फुलेके जईसन विमारी सब लाग रहल जनकारी करावले बानी । कुछ किसान लोग के भैंसी विमार पर के मर गईल पशु प्राविधिक साह जनकारी करावले बानी ।

रिलाइन्स सुगर एण्ड केमिमल्स प्रालि के जिमेवार लोग आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय के प्रमुख अधिकारी के विज्ञप्ती आ उजुरी देहला पर भी कुछ सुनवाई ना होसकल कहके जनतासब के सिकायत रहल बा । सरकारी निकाय के कर्मचारी आ जनप्रतिनिधि लोग कुछ चिनि मिल से प्रलोभन मे पडके जनता सब के दुःख देरहल बाडन कहके सर्वसधारण लोग के कहनाम रहल बा ।

रिलायन्स सुगर एण्ड केमिकल्स प्रालि के महाप्रबन्धक शैलेन्द्र गुप्ता से जनकारी लेवेके चहला पर जनकारी ना देवेके बतवले बानी । काराखाना आ सरकारी निकाय गैर जिम्मेवार भईला से जनता सब परिसानी भोग रहल बा ओहिसे एकरा उपर नियमनकारी निकाय के समय मे हि ध्यान पुगल जरूरी रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।