भ्रष्ट अधिकृत साह आ लेखापाल संजय पटेल भ्रष्टाचार करेमे माहिर

भ्रष्ट अधिकृत साह आ लेखापाल संजय पटेल भ्रष्टाचार करेमे माहिर

अजय चौरसिया

वीरगंज २२ कात्तिक

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका के भ्रष्ट प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सिकेन्द्र साह के सरुवा भईला के बाद उ गाँवपालिका अधिकृत विहिन बनल बा ।

भ्रष्टाचार के मामिला मे विज्ञता हासिल कईल सिकेन्द्र साह कही भी लम्हर समय तक रहे ना सकल जनावल गईल बा । उनकर आनीबानी आ भ्रष्टाचार करेवाला शैली से सम्बन्धित पालिका के जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग असन्तुष्ट हि रहल बतावल गईल बा ।

रौतहट जिल्ला के चन्द्रनिगाहपुर निवासी अधिकृत साह बारा जिल्ला के देवताल गाँवपालिका, रौतहट के देवाही गोनाही नगरपालिका होत छिपहरमाई मे हाजिर भईल रहलन । उ करिब चार महिना छिपहरमाई मे बितईला पर उनकर सरुवा धनुषा जिल्ला के बिदेह नगरपालिका मे भईल बुझल गईल बा ।

भ्रष्टाचार के मामिला मे ताण्डव मचावत चलेवाला अधिकृत साह के सरुवा भईला पर भी लेखापाल संजय पटेल अभी छिपहरमाई मे हि कार्यरत्त रहल बाडन । अधिकृत साह जईसन लेखापाल पटेल पर्सा जिल्ला के अनेकन पालिका मे कार्यरत्त रहत छिपहरमाई मे करिब एक बरीस से रहल बाडन । एकरा से पहिले भ िछिपहरमाई मे कार्यरत्त रह चुकल पटेल एक बरीस के समय मे तीन गो अधिकृत के सरुवा भईला पर भी उ छिपहरमाई मे हि बाडन ।

लेखापाल पटेल पर्सा जिल्ला निवासी भईला पर भी उनकर जन्म सामान्य परिवार मे भईल बा । माकिर उ सह–लेखापाल से लेखापाल बनत आजुके दिन मे करोडो करोड खेलावेक हैसियत राखल पटेल वीरगंज के राधेमाई मे जमिन सहित करोडो दाम के घर किनेमे सफल भईल बाडन । आउर लेखापाललोग से अलगे पहिचान बनावल भ्रष्ट संजय पटेल जगरनाथपुर गाँवपालिका मे रहला पर धरौटी के रकम करिब चार करोड आ छिपहरमाई मे करिब दु करोड स्वाहा कईल स्रोत के कहनाम रहल बा ।

उनकर नोकरी के कम समय भईला पर लेखापाल संजय पटेल वीरगंज के आउर जगहा मे भी घडेरी किनल स्रोत बतवले बा । पटेल कउनो भी सेवाग्रहीलोग के चेक काटला पर पहिले हि पिसी (पर्सनल कमिशन) लेवेलन कहके बतावल गईल बा । भ्रष्ट अधिकृत सिकेन्द्र साह आ लेखापाल संजय पटेल जईसन भ्रष्टाचारीलोग उपर अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग, सम्पत्ति शुद्धिकरण विभाग लगायत के नियमनकारी निकाय जरुरी छानबिन करके कारवाही प्रक्रिया अगाडि ना बढईला से धरौटीका रकम फिर्ता ना मिलल सेवाग्रहीलोग घर ना घाट के भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।