प्रमुख दल के प्रमुख नेतालोग हि भ्रष्टाचार मे लिप्त : प्रभु साह
प्रमुख दल के प्रमुख नेतालोग हि भ्रष्टाचार मे लिप्त : प्रभु साह

रौतहट ३० कार्तिक
आम जनता पार्टी (आजपा) के अध्यक्ष एंव पुर्वमन्त्री प्रभु साह प्रमुख दल के प्रमुख नेतालोग हि भ्रष्टाचार मे लिप्त भईला के चलते देश के आर्थिक अवस्था कमजोर होत गईल बतवले बाडन ।
रौतहट के माधवनारायण नगरपालिका के मिठुअवा संगे यमुनामाई गाँवपालिका के मलहिनिया मे बियफे के दिने आजपा के स्थानीय कमिटीद्वारा शुभ दिपावली तथा छठ पर्व के अवसर मे आयोजना कईल शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम के सम्बोधन करत अध्यक्ष साह इहाँ के प्रमुख दल के प्रमुख नेतालोग हि भ्रष्टाचार मे लिप्त बाडन ।
उहाँ रहल आउर नेतालोग भी उ भ्रष्ट नेता के पछाडि लागेके, अपने भी कमात रहेके मानसिकता से अगाडी बढावत कमाउ धन्दा मे लागल बाडन, आजपा अध्यक्ष साह कहनी, ई आ अईसन भ्रष्ट नेतालोग के चतले आजु देश के अवस्था कमजोर होत जा रहल बा । एकरा के तुरेके, दलतन्त्र के आड मे हो रहल भ्रष्टाचार के विरुद्ध मे आम जनता एकजुट भईला के विकल्प नईखे ।
नेपाल के आर्थिक अवस्था कमजोर बनावेवाला दलतन्त्र के अन्त्य ना होखे तक देश समृद्ध बने ना सकेके बतावत उ ठग, भ्रष्ट, अपराधी, भ्रष्टाचार मे लिप्त भईल नेतालोग ेक गाँव–गाँव से भगावेके बतवनी ।
देश मे बढल लुट एवं भ्रष्टाचार रोके खातिर दलतन्त्र के अन्त्य जरुरी रहल निष्कर्ष सुनावत अध्यक्ष साह दलतन्त्र के विरुद्ध सशक्त आन्दोलन मे उतरेके बतवनी ।
नेपाल मे भ्रष्टाचार करके बिदेश मे पईसा जम्मा करेवाला नेता से देश के समृद्ध बनावे ना सकेके भईला से देश के समृद्ध बनावेके जिम्मेवारी भी आम जनता से लेवेके आह्वान कतर साह गाँव गाँव से युवालोग अगाडी बढेके बतवनी ।
उ कार्जक्रम मे आजपा के महासचिव उपेन्द्र साह, सचिव एवं पुर्व सांसद समिना हुसेन, स्थायी कमिटी सदस्यद्वय सुधिर यादव, त्रिभुवन साह, मधेस प्रदेश अध्यक्ष उमेश कुशवाहा, नगरप्रमुख रीना साह, बबिता यादव, सिमल साह, रामनाथ माझी, रन्जु कुमारी साह, ललबाबु मंसूर, बालकृष्ण सापकोटा, लालबहादुर साह लगायत के नेतालोग के सहभागीता रहल रहे ।






