अयोध्या श्रीराम मन्दिर के प्राण–प्रतिष्ठा समारोह मे सहभागी होखे खातिर वीरगंजवासी के मिलल नेवता

अयोध्या श्रीराम मन्दिर के प्राण–प्रतिष्ठा समारोह मे सहभागी होखे खातिर वीरगंजवासी के मिलल नेवता

वीरगंज ०८ पुस

भारत के अयोध्या मे २२ जनवरी २०२४ मे होखे लागल श्रीराम मन्दिर के प्राण–प्रतिष्ठा समारोह के बाद सहभागी होखे खातिर अयोध्या से एतवार के दिने एगो टोली नेवता देवे वीरगंज आईल बा ।

विश्व हिन्दू परिषद् भारत के पूर्वी चम्पारण अध्यक्ष एवं तिर्थ क्षेत्र पुजित अक्षत कलश वितरण यात्रा के संयोजक मनोज सिंह के टोली श्री गहवामाई रथयात्रा समिति के निमन्त्रणा स्वरुप कलश सहित अक्षत हस्तारण कईले बा ।

भारत से निमन्त्रणा देवे खातिर अध्यक्ष सिंह सहित विश्व हिन्दू परिषद् भारत रामगढवा प्रखण्ड अध्यक्ष राजन कुमार, दिगबिजय पार्थ, ओमप्रकाश सिंह सहित के टोली गहवामाई मन्दिर परिसर मे एक समारोह के बिच श्री गहवामाई रथयात्रा समिति के अध्यक्ष श्याम पोखरेल, उपाध्यक्ष देवानन्द कलवार, महासचिव लक्ष्मी नारायण (पप्पु) गुप्ता, माईस्थान मन्दिर संचालक समिति के अध्यक्ष दिना प्रसाद गुप्ता सहित के कलश सहित अक्षत हस्तान्तरण करके निमन्त्रणा देहल गईल बा ।

निमन्त्रणा देहला के बाद गहवामाई अतिथि सदन मे सामुहिक छलफल भी कईल रहे । उ अवसर मे कलश वितरण यात्रा के संयोजक मनोज सिंह २२ जनवरी २०२४ अर्थात प्राण–प्रतिष्ठा होखेवाला दिन वीरगंज लगायत नेपालभर दिपावली सहित भगवान राम के भजन किर्तन, रामचरित्र मानस पाठ लगायत पूजाअर्चना करे खातिर सुझाव देहले रहनी ।

उ अवसर मे गहवामाई रथयात्रा समिति पूर्व मेची से पश्चिम महाकाली से बितल करिब दु हप्ता से संकलन कईल जल (२७ दिसेम्बर) पुस ११ गते जनकपुरधाम से नेपाल के अनेकन जिल्ला होत भारत के अयोध्या पुगके राम मन्दिर समिति के हस्तान्तरण करेके कार्जक्रम रहल रथयात्रा समिति के उपाध्यक्ष देवानन्द कलवार बतवनी । राम मन्दिर प्राण प्रतिष्ठा होखेवाला दिन रथयात्रा समिति वीरगंज मे सबेरे मोटरसाईकल जुलुस सहित माईस्थान मन्दिर परिसर मे सवा लाख दिप प्रज्वलन करेके कार्जक्रम रहल भी उपाध्यक्ष कलवार बतवनी ।

उ अवसर मे विश्व हिन्दु परिषद पर्सा के कोषाध्यक्ष पवन कुमार वर्णवाल, रथयात्रा समिति के कोषाध्यक्ष रविशंकर अग्रवाल, सदस्यलोग बिनय साह, शम्भु गुप्ता, ललन चौरसिया, दिपु गुप्ता, संजय सर्राफ, बिजय पटेल, रंजित गुप्ता लगायत स्थानियलोग के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।