प्रेस चौतारी पर्सा के विशेष अधिवेशन से अध्यक्ष मे भण्डारी आ सचिव मे साह चयन

प्रेस चौतारी पर्सा के विशेष अधिवेशन से अध्यक्ष मे भण्डारी आ सचिव मे साह चयन

वीरगंज १३ पुस

प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के विशेष अधिवेशन आजु वीरगंज मे पुरा भईल बा ।

होटल क्लासिक बैंकेट हल मे भईल अधिवेशन के प्रमुख अतिथि चौतारी के केन्द्रिय अध्यक्ष गणेश बस्नेत आवेवाला पत्रकार महासंघ के निर्वाचन मे चौतारी के उम्मेदवार हार भईला पर पर्सा चौतारी बिघटन करेके चेतावनी देहले बानी ।

बस्नेत पर्सा मे महासंघ के सन्दर्भ मे प्रेस चौतारी से बिरासत जोगावत अईला मे ओकरा के निरन्तरता देवेके सुझाव देहले रहनी । प्रेस चौतारी पर्सा मे रहल बिवाद के आपसी सहमति मे टुङ्गयावेके निर्देशन भी देहले रहनी । अध्यक्ष बस्नेत सभी एकजुट भईला पर मात्र पर्सा मे चौतारी के विरासत बँचेके बतवनी ।

चौतारी के जिल्ला अध्यक्ष श्याम बञ्जारा के सभापतित्व मे भईल अधिवेशन के उदघाटन शत्र मे संविधानसभा सदस्य एवं सांसद् राजकुमार गुप्ता, संविधासनसभा सदस्य जयप्रकाश थारु, एमाले जिल्ला संयोजक डा. विश्वम्भर शर्मा, पोखरिया नगरपालिका के मेयर प्रद्युम्न चौहान, चौतारी के पूर्व केन्द्रिय अध्यक्ष गगन विष्ट, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सदस्य केसी लामिछाने, पत्रकार महासंघ के पूर्व मध्यमाञ्चल संयोजक महेश दास, पर्सा अध्यक्ष अनुप तिवारी, पूर्व अध्यक्ष शत्रुध्न नेपाल, प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय सदस्य निरज पिठाकोटेमगर, वान के मधेश प्रदेश अध्यक्ष आशिक अंसारी, नेपाल प्रेस युनियन पर्सा के अध्यक्ष बिजय चौहान लगायत के लोग शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।

अधिवेशन के बन्द–सत्र से अध्यक्ष मे बिजय (तुलसी) भण्डारी सर्वसहमति से चयन भईल बानी । उपाध्यक्ष मे उपाध्यक्ष मे राजेन्द्र सिंह नेपाली, महिला उपाध्यक्ष मे निलम पन्त, सचिव मे राकेश साह, कोषाध्यक्ष मे संतोष पटेल, सह–सचिव मे धनन्जय मिश्र आ कृष्ण कुशवाहा, एहितरे सदस्यलोग मे आनन्द पटेल, बलिराम यादव, राम कुशवाहा, राजु साह, पानालाल साह, रसमी राज भण्डारी, राजन बानिया, राजन कुमार सिंह, दिपेन्द्र साह, अखिलेस प्रसाद साह, आरोहण साह, राजन रौनियार, नबिन कार्की, शेख सज्जाद हुसैन, कृष्ण श्रीवास्तव, नितेष कर्ण, कमला भण्डारी, ऐन्जल चौधरी, सोभा धमला, मुस्तुफा हवारी, एसके चौरसिया लगायत चयन भईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।