रौतहट के राजपुर–९ मे जनमत के पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

रौतहट के राजपुर–९ मे जनमत के पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

मेवालाल यादव

रौतहट २४ पुस

रौतहट के राजपुर नगरपालिका –९ बैरियाटोल मे आजु जनमत पार्टी के पार्टी प्रवेश तथा वार्ड अधिवेशन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

राजपुर नगरकार्य समिति के आयोजना मे पार्टी प्रवेश तथा वार्ड अधिवेशन कार्जक्रम के कलिमुल्ला मन्सुरी उर्फ बुलेट राजा के अध्यक्षयता मे पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जनमत पार्टी के रौतहट इन्चार्ज शेख जमसैद् गाँव–गाँव मे सिंहदरबार पुगल आभास नेपाली जनता से कईला के बाद रौतहट क्षेत्र –२ के बिकास भी गति लि कहके अपेक्षा सभी नागरिकलोग मे रहे माकिर अफताब आलम के मौन मस्ति, नातेदार के चतले बिकास ना भईल आरोप लगवले बानी ।

तराई–मधेश मे नेपाली काङ्ग्रेस पार्टी जातीय, ब्याक्ति, कृपावाद, नातावाद के राजनीति मे निरन्तरता देरहल आरोप लगावत निर्वाचन मे मधेशी चेहरा देखके जनता भोट देवेलन माकिर उ भोट पहाडिया पार्टी मे जाला जउना के चलते मधेश के विकास होखे ना सकल बतवनी ।

कार्जक्रम मे रौतहट –२ क के बिधायक प्रत्याशी मो .आलम उर्फ बाबू साहेब नव प्रवेशीलोग के माला आ टिका लगाके जनमत पार्टी मे प्रवेश करवले रहनी ।

एहितरे वार्ड अधिवेशन से शेख तैयब के अध्यक्षता मे १५ सदस्यीय नगर कमिटी गठन भईल बा । जेकर उपाध्यक्ष मे आसमा खातुन, मोमिना खातुन, सदाम देवान, सचिव शेख करनैल, सह–सचिव शेख सयालुदिन, कोषाअध्यक्ष शेख नबारुलहक लगायत रहल प्रकाश झा बतवले बानी ।

पर्यवेक्षक प्रकाश झा से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे अतिथि डा. रामशंकर ठाकुर, पालिका पर्यवेक्षक साहआलम, रामएस झा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।