भारतीय सुटर के छोडादेम कहत १६ लाख मागेवाला युवक पकडईलें
भारतीय सुटर के छोडादेम कहत १६ लाख मागेवाला युवक पकडईलें

प्रभु यादव
बारा २९ पुस
बारा के कलैया मे करिब अढाई महिना पहिले बाल एकता बोर्डिङ स्कुल के प्रधानाध्यापक रूपेश स्वर्णकार के गोली मारके हत्या कईल आरोप मे पकडाईल भारतीय सुटर के छोडादेम कहके १६ लाख रोपेया मागेवाला एक युवक के पुलीस पकडले बा ।
पकडाएवाला मे बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर १ के २३ बरीस के श्यामबाबु साह रहल बाडन । उनका के पुलीस शनिचर के दिने पकडल बारा के प्रहरी उपरीक्षक सुरेश काफ्ले जानकारी देहनी ।
प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले के मुताविक, साह शिक्षक स्वर्णकार के हत्या आरोप मे पकडाके कारागार चलान भी भईल सुजित के अदालत आ पुलीस के मिलाके छोडा देम कहके सुजित के बाबु जयमंगल सिंह से १६ लाख (भारु १० लाख) रोपेया मँगले रहलन । उ मेसे साह जयमंगल से १ लाख ९२ हजार (भारु १ लाख २० हजार) रोपेया लेहले रहलन ।
जयमंगल से हि देहल जाहेरी दरखास्त के आधार मे साह के पकडल गईल प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले बतवनी । पकडाईल साह के ठगी तथा अपराधिक क्रियाकलाप मुद्दा मे बारा जिल्ला अदालत से पाँच दिन के म्याद थप करके आउर अनुसन्धान हो रहल काफ्ले जानकारी देहनी ।
शिक्षक स्वर्णकार के गोली मारके हत्या करेवाला समूह के मुख्य नाइके के रूप मे रहल सुजित सिंह के पुस १० गते भारतीय सीमा से जुडल छतवा मुसहर्वा नाका से उनकर गोड मे गोली मारके पकडले रहे । स्वर्णकार के हत्या मे संलग्न रहल आरोप मे पकडाईल स्वर्णकार के प्रेमिका राधा गुप्ता आ सुटर सिंहसहित सात जने के बारा जिल्ला अदालत पुस २५ गते हि पुर्पक्ष के खातिर कारागार चलान करेके आदेश देहले रहे ।
स्वर्णकार हत्या प्रकरण मे अदालत मे कुल ११ जने विरुद्ध पुस १६ गते कर्तव्य ज्यान, संगठित अपराध तथा हाथहथियार खरखजाना मुद्दा दर्ता भईल रहे । पुस १७ गते से लगातार पेसी के क्रम मे अदालत पुस २५ गते सात जने के जेल चलान करेके आदेश देहले बा ।
हत्या मे संलग्न मेसे भारत बिहार के मनोज गुप्ता, चञ्चल पाण्डे, रौतहट के मौलापुर नगरपालिका रहेवाला विनोद राय यादव आ विशालकुमार यादव अभी पकडाए नईखन सकल ।






