लोककल्याणकारी विज्ञापन के रोपेया दोब्बर करे खातिर काउन्सिल के सुझाव
लोककल्याणकारी विज्ञापन के रोपेया दोब्बर करे खातिर काउन्सिल के सुझाव

काठमाण्डु, ९ माघ
प्रेस काउन्सिल नेपाल पत्रपत्रिका प्रकाशन कईला बापत मिलत आईल लोककल्याणकारी विज्ञापन के रकम दोब्बर वृद्धि करे खातिर सरकार के सुझाव देहले बा ।
काउन्सिल आजु विज्ञप्ति जारी करत बईठल बोर्ड बईठक से लोककल्याणकारी विज्ञापन बापत के रकम लम्हर समय तक वृद्धि ना भईल आ टिकाके राखल कठिनाइ भईल कहत रोपेया दोब्बर करे खातिर सुझाव देवेके निर्णय कईले बा । काउन्सिल के वरिष्ठ प्रशासकीय अधिकृत दीपक खनालद्वारा जारी विज्ञप्ति मे छापा माध्यम के टिका के राखे खातिर समस्या आरहल सन्दर्भ मे प्रादेशिक आ स्थानीय निकाय के विज्ञापन÷सूचना तत्तत् जगहा के पत्रपत्रिका के ना मिलल विषय मे भी काउन्सिल के गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल उल्लेख बा ।
“बईठक से स्थानीय आ प्रदेशस्तर के सरकारी विज्ञापन÷सूचना प्रकाशन के खातिर स्थानीय आ प्रदेश स्तर के पत्रपत्रिका के प्राथमिकता के साथ उपलब्ध करावे खातिर सम्बन्धित निकाय मे लिख के पठावेके निर्णय कईले बा”, विज्ञप्ति मे कहल गईल बा । खरिद सम्बन्धी सूचना विद्युतीय खरिद सहित प्रेस काउन्सिल नेपाल से वर्गीकरण मे परल पत्रपत्रिका मे प्रकाशन करे मिलेवाला किसिम से जरुरी व्यवस्था करे खातिर सार्वजनिक खरिद अनुगमन कार्यालय के सुझाव देवेके काउन्सिल निर्णय कईले बा ।
“सरकारी कार्यालय रहल जगहा के सञ्चारमाध्यम मे भी सूचना प्रकाशन करे मिलेवाला किसिम से सार्वजनिक खरिद सम्बन्धी कानुन संशोधन करे खातिर नेपाल सरकार के जरुरी सुझाव लिख के पठावेके निर्णय भी भईल बा”, विज्ञप्ति मे कहल गईल बा । सूचना प्रविधि मे हरेक दिन बढत विकासक्रम, सामाजिक सञ्जाल के प्रभाव आ अनेकन प्राकृतिक प्रकोप, महामारी लगायत कारण नेपाल के पत्रकारिता क्षेत्र प्रभावित होत आईल आ एकर प्रत्यक्ष प्रभाव छापा माध्यम मे बेसी परला से अईसन निर्णय कईल काउन्सिल जनवले बा ।
“सभी छापा माध्यम चरम सङ्कट मे बा । स्थानीय आ प्रदेशस्तर के छापामाध्यम आउर अस्तित्व रक्षा के चरण मे रहला से सूचना प्रविधि के पिछिलका विकासक्रम सँगे जोडत सुधार भईल जरुरी बा”, काउन्सिल के अध्यक्ष बालकृष्ण बस्नेत कहनी, “राज्यस्तर से भी छापा माध्यम के बँचावे खातिर विशेष ध्यान देवेके अवस्था अईला से ई निर्णय कईल बा ।”






