वीरगंज महानगर जरिवाना से उठवलख साढे २४ लाख राजस्व
वीरगंज महानगर जरिवाना से उठवलख साढे २४ लाख राजस्व

वीरगंज २५ माघ
जहाँतहाँ फुहर बिगेवाला उपर कारबाही सुरु कईल वीरगंज महानगरपालिका बितल छ महिना मे साढे २४ लाख रोपेया जरिवाना उठवले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका बितल विसं २०७९ पुस १७ गते से जरिवाना कईल सुरु कईल आ अभी तक जहाँतहाँ फुहर बिगेवाला आदमी आ संस्था करके ९ सय जने से रु २४ लाख ६३ हजार जरिवानाबापत के राजस्व सङ्कलन कईल सरसफाइ शाखा प्रमुख सरफुदिन मियाँ जानकारी देहनी ।
‘‘घर, दोकान आ कार्यालय से निकलेवाला फुहर जहाँतहाँ बिगेके स्थानीयलोग के प्रवृत्ति बा”, सरसफाइ शाखा प्रमुख मियाँ कहनी, “उ प्रवृत्ति के निरुत्साहित करे खातिर हमनी फुहर बिगेवाला के जरिवाना करेके अभियान सुरु कईले बानी ।” ई अभियान के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर सार्वजनिक मुद्दा चलावेके योजना बनावल भी उनकर कहनाम बा ।
सफा, स्वच्छ आ सुन्दर महानगर बनावेके उद्देश्य के साथ निजी संस्था से सहकार्य करके महानगर के ३२ गो वार्ड मे तीन चरण मे नियमित सरसफाइ करत आईल बा ।
सफा, सुन्दर वीरगंज के योजना मुताविक अभी सबेरे, दिनके आ रात करके तीन चरण मे नाला आ सडक सरसफाइ कर रहल भी उ बतवले बानी ।
वितल समय मे अस्तव्यस्त आ दुर्गन्धित नगर के रुप मे परिचित वीरगंज महानगर क्षेत्र के देश के नमुना महानगर बनावेके लक्ष्य के साथ योजना अगाडि बढईला के बाद ई समय वीरगंज महानगर क्षेत्र सफा आ सुन्दर लउके लागल बा । बजेट कमी के कारण देखावत सरसफाइका कर्मचारी हटईला के बाद फेनु पुराने अवस्था मे त फिर्ता होखेके कहके चिन्ता बढल सरसफाइ प्रमुख मियाँ के कहनाम बा ।
“सरसफाइ के कर्मचारी दैनिक सडक आ नाला सफा कईला पर सडक सफा सुन्दर बनल बा”, प्रमुख मियाँ कहनी, ‘‘माकिर कुछ दिन एने सरसफाइ के कर्मचारी घटत गईल बा, जउना के चलते अपेक्षाकृतरुप मे सरसफाइ के काम होखे सकल नईखे ।”
स्थायी प्रकृति के सरसफाइ कर्मचारी से अवकाश मिलल आ ज्यालादारी के रुप मे राखल के बजेट कमी के चलते हटावेके परल उनकर कहनाम बा ।






