प्रादेशिक अस्पताल कलैया के ई बरीस १०० शैया मे स्तरोन्नति कईल जाई : उपप्रधान एवम स्वास्थ मन्त्री यादव

प्रादेशिक अस्पताल कलैया के ई बरीस १०० शैया मे स्तरोन्नति कईल जाई : उपप्रधान एवम स्वास्थ मन्त्री यादव

प्रभु यादव

बारा ०२ चईत

बारा के कलैया मे उपप्रधान एवम स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्री उपेन्द्र यादव के मधेशी स्वास्थ्यकर्मी फोरम नेपाल सम्मान कईले बा ।

प्रदेशिक अस्पताल कलैया मे मधेशी स्वास्थ्यकर्मी फोरम नेपाल, कलैया अस्पताल इकाई समिति, जिल्ला कार्य समिति बारा के आयोजना आ समन्वय मधेशी स्वास्थ्यकर्मी फोरम नेपाल मधेश प्रदेश समिति जनकपुर के रहल कार्जक्रम मे मन्त्री यादव के समान कईले रहलन ।

कलैया अस्पताल विकास समिति बारा के कहजोग मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि मन्त्री यादव राज्य के सक्षम सुशासन बनावे के बा त शिक्षा, स्वास्थ्य आ जनता के रोजगारी के व्यवस्था कईल जरूरी भईल बतावले बानी । प्रादेशिक अस्पताल कलैया के ई बरिस १०० शैया मे स्तरोन्नति मे अपन सहजोग रही मन्त्री यादव जनकारी करावले रहनी । अस्पताल मे आवश्यक रहल जनशक्ति के पूरा करेला आपन पहल रही यादव बतावले रहनी ।

अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष प्रकाश चौगाई २५ बेड के अस्पताल मे ७७ बेड सञ्चालन करहल जनकारी करावले रहनी । भवन के अभाव रहल बा जवना से विमारी होकर के आईल लोग के बाहर पेठावल जारहल बा । डिआर, सिटीस्काईन के बहुते जरूरी रहल बा । स्वास्थ्यकर्मी लोग के कमी भईला से केन्द्रीय सरकार से कलैया अस्पताल मे व्यवस्था करेला निहोरा कईले बानी ।

डाक्टर अजय गुप्ता नियमित मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट अपन कार्यकाल के समय मे पहिले से सुधार कईल बतावले बानी । कलैया अस्पताल के समस्या सब के पत्र देके अवगत करावेके बतावले बानी ।

कार्जक्रम कलैया अस्पताल मधेशी स्वास्थ्यकर्मी फोरम ईकाई के अध्यक्ष शेख फुलम्हमद के सभापतित्व मे भईल जवना मे जनता समाजवादी पार्टी के मधेश प्रदेश अध्यक्ष बालकिशोर यादव, राजनिति समिति सदस्य रामकिशोर यादव, रामबाबु यादव, मधेश प्रदेश सभा सदस्य बच्चा यादव, पूर्व सभा सदस्य पारस साह, स्वास्थ्यकर्मी सभे के सहभागिता रहल रहे । स्वागत शिवशंकर यादव यादव के रहल कार्जक्रम मे कलैया अस्पताल के डाक्टर, कर्मचारी स्थानिय सरोकार राखेवाला सभे के सहभागिता रहल रहे । एहितरे संघीय सरकार के उपप्रधान तथा स्वास्थ्यमन्त्री उपेन्द्र यादव आवेवाला आर्थिक बरीस से निजगढ अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के निर्माण काम तेजी मे अगाडि बढेके बतवले बानी ।

बारा २ के प्रतिनिधिसभा सदस्य यादव आपन निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ के महागढीमाई नगरपालिका १० गन्जभवानीपुर मे क्याम्पस बनावेवाला उद्देश्य से शुक के दिने आयोजना कईल कुशकुण्डा महायज्ञ मे लवकुश प्राण प्रतिष्ठा मे सम्बोधन करत अईसन बतवले बाडन । ‘विमानस्थल क्षेत्र भितर के बस्ती आ जमिन के मुआब्जा देवेके काम कुछ बाँकी बा । सभी देके आवेवाला आर्थिक बरीस से निर्माण काम तेजी मे बढी,’ कहत उ, ‘आवेवाला आर्थिक बरीस मे पर्याप्त बजेट विनियोजन करके निजगढ अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के निर्माण अगाडि बढी ।’ एकरा से बारा के पर्यटन विकास मे फायदा होखेके उ बतवनी ।

बारा जिल्ला के विकसित आ खुसहाल बनावेके प्रयासअन्तर्गत आइटी कलेज लगायत पशु तथा मत्स्य विज्ञान कलेज बनावेके प्रक्रिया अगाडि बढल उ बतवनी । सत्तासीन दल मेसे एक घटक जनता समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष भी रहल यादव मधेस प्रदेश के राजश्री जनक विश्व विद्यालय के ‘सिनेट’ से बारा जिल्ला मे आईटी कलेज आ मधेस कृषि विश्व विद्यालय से पशु तथा मत्स्य विज्ञान कलेज स्थापना करेके निर्णय भइल जानकारी करवनी ।

‘कलेज के खातिर निर्णय भइला पर भी जमिन प्राप्त ना भईला से देरी हो रहल बतवनी,’ कहत उ, ‘बारा जिल्ला के सबसे विकसित आ खुसहाल बनावेके प्रयास हो रहल बा ।’ एहितरे सिमरा क्षेत्र के नयाँ औद्योगिक क्षेत्र के रुप मे विकास करेके योजना रहल उ बतवनी । ई जिल्लावासी के विकास के खातिर शिक्षा मे ध्यान देवेके उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।