मधेश से कांग्रेस के मन्त्री आउट, एमाले ईन

मधेश से कांग्रेस के मन्त्री आउट, एमाले ईन

जनकपुर ५ चईत

सत्ता गठबन्धन फेरबदल सँगे मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव मधेश प्रदेश सरकार से कांग्रेस के हटाके एमाले के लिआईल बानी । सोमार के दिने कईल मन्त्रिमण्डल पुनर्गठन मे कांग्रेस के मन्त्री के आउट करके एमाले से मन्त्री ईन कईले बाडन ।

प्रदेश प्रमुख सुमित्रा सुवेदी भण्डारी सोमार के दुपहरिया एमाले के संसदीय दल के नेता सरोजकुमार यादव(महोत्तरी) के भौतिक पूर्वाधार तथा विकासमन्त्री मे पद तथा गोपनियता के शपथ ग्रहण कईले बानी । मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय के सिफारिस मे प्रदेश प्रमुख भण्डारी मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव के उपस्थिति मे मन्त्री यादव के शपथ ग्रहण करवले रहली । मधेश प्रदेश सरकार पुनर्गठन भईला सँगे कांग्रेस सरकार से बाहर भईल बा ।

मुख्यमन्त्री यादव के प्रेस सल्लाहकार सीताराम अग्रहरी के मुताविक एमाले से सहभागी करावत मधेश प्रदेश सरकार सोमार के दिने पुनर्गठन कईल बतवले बाडन । उनका मुताविक मन्त्रिमण्डल पुनर्गठन भईला सँगे कांग्रेस के मन्त्रीलोग स्वतः पदमुक्त भईल बाडन । मधेश प्रदेश सरकार मे कांग्रेस के ३ जने मन्त्री रहलन । कांग्रेस संसदीय दल के नेता कृष्णप्रसाद यादव भौतिक पूर्वाधार तथा विकास, वीरेन्द्रप्रसाद सिंह स्वास्थ्य तथा जनसंख्या तथा मोहम्मद समिम गृह तथा सञ्चारमन्त्री रहलन ।

‘मधेश सरकार मे कांग्रेस के मन्त्रीलोग के भूमिका सहयोगी हि रहे । मुख्यमन्त्री ओहिसे कांग्रेस के मन्त्री के बर्खास्त ना करके मन्त्रीमण्डल पुनर्गठन करके स्वतः पदमुक्त कईल बा,’ मुख्यमन्त्री के प्रेस सल्लाहकार अग्रहरी कहनी । मधेश प्रदेश सरकार मे रहल कांग्रेस के मन्त्रीलोग मुख्यमन्त्री से पदमुक्त ना करे तक ना छोडेके अडान मे रहलन । उलोग राजिनामा ना देके रहल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।