बारा से करिब २ करोड के अबैध सामान सहित सूर्ती पकडाईल

बारा से करिब २ करोड के अबैध सामान सहित सूर्ती पकडाईल

प्रभु यादव

बारा ०५ चईत

बारा पुलीस अबैध सामान सहित करिब दु करोड के सूर्ती सहित दु गो मालवाहक ट्रक पकडले बा ।

वीरगंज से नारायणगढ ओरी जा रहल दु गो ट्रक से पुलीस तस्करी के आशंका मे १ करोड ९७ लाख ३६ हजार ३ सय ७६ रोपेया बराबर के सूती बरामद कईले बा । पुलीस उ सुर्ती लोड कईल दुनु ट्रक भी नियन्त्रण मे लेहले बा ।

बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने के मुताविक एतवार के दिने वीरगंज से नारायणगढ ओरी जा रहल ना ६ ख ७६७ आ ना ८ ख ९४ नम्बर के ट्रक प्रहरी चौकी पथलैया से खटल पुलीस टोली पथलैया मे रोकके चेकजाँच कईले रहे ।

उ समय मे ना ६ ख ७६७ नम्बर के ट्रक से १ करोड ३३ लाख ९९ हजार ८४८ रोपेया मुल्य के ३ सय ५६ बोरा आ ना ८ ख ९४ नम्बर के ट्रक से ६३ लाख ३६ हजार ५२८ रोपेया मुल्य के ३२० बोरा सुर्ती बरामद भईल न्यौपानले जानकारी देहनी । ट्रक मे लोड रहल सुर्ती के बिलबिजक शंकास्पद मिलला के बाद नियन्त्रण मे लेहल गईल उ बतवनी ।

सुर्तीसहित नियन्त्रण मे लेहल गईल दुनु ट्रक जरुरी अनुसन्धान के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे बुझावल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।