वीरगंज मे स्रोत ना खुलल रोपेया सहित हुण्डी कारोबारी रामबाबु पकडईलें
वीरगंज मे स्रोत ना खुलल रोपेया सहित हुण्डी कारोबारी रामबाबु पकडईलें

वीरगंज ०५ चईत
वीरगंज से पुलीस हुण्डी के कारोबार मे संलग्न रहल आरोप मे एक आदमी के ६ लाख ८२ हजार रोपेया आ अनेकन बैंक के चेक सहित पकडले बा ।
पकडाएवाला मे धनुषा के गणेशमान चारनाथ नगरपालिका–६ स्थायी घर भईल अभी वीरगंज महानगरपालिका–१६ मे रहत आईल ५० बरीस के रामबाबु कलवार रहल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।
थापा के मुताविक विशेष सूचना के आधार मे एतवार के दिने खटल प्रहरी टोली वीरगंज–१६ दुर्गाहल पछाडि के रास्ता मे शंकास्पद रूप मे चल रहल कलवार के रोकके उनका के चेकजाँच कईले रहे । उहे समय मे कलवार के साथ मे रहल झोरा से नेपाली हजार आ पाँच सय दर के नोट करके ६ लाख ८२ हजार रोपेया आ नेपाल मे प्रतिबन्धित भारु पाँच सय दर के ५६ थान नोट भी बरामद भईल थापा बतवनी । एहितरे कलवार के साथ से कृषि विकास बैंक, सानिमा बैंक, माछापुच्छ्रे बैक, एनआईएमबी बैंक, मुक्तिनाथ विकास बैंक, ग्लोबल बैंक, प्राइम बैंक आ मेघा बैंक के करके १९ थान चेक भी बरामद कईल थापा बतवनी । पकडाईल कलवार के प्रहरी हिरासत मे राखके उनका विरुद्ध बैंक तथा वित्तीय संस्था सम्बन्धी ऐन २०७३ विरुद्ध के कसुर मे आउर अनुसन्धान कर रहल थापा बतवनी ।






