दरबार हत्याकाण्ड छानबिन करके सत्यतथ्य बाहर लियावे खातिर बडका दलसब के अध्यक्ष लिङ्देन देहनी चुनौती
दरबार हत्याकाण्ड छानबिन करके सत्यतथ्य बाहर लियावे खातिर बडका दलसब के अध्यक्ष लिङ्देन देहनी चुनौती

वीरगंज ०७ चईत
राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी (राप्रपा) के केन्द्रिय अध्यक्ष राजेन्द्र लिङ्देन राजदरबार हत्याकाण्ड के छानबिन करके सत्यतथ्य बाहर लियावे खातिर बडका दलसब के चुनौती देहले बानी ।
बुध के दिने वीरगंज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे अध्यक्ष लिङ्देन पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र शाह के लोकप्रियता से हडबडाके बडका दलसब दरबार हत्याकाण्ड मे पूर्वराजा के नाम लिया रहल बतवले बाडन ।
उ कहनी, ‘जब जब राजा के लोकप्रियता बढेला, तब तब बडका दलसब राजा के धम्क्यावे खातिर दरबार हत्याकाण्ड मे राजा के नाम अगाडि लियावेलन ।’
उ शाह दोषी लागला पर दरबार हत्याकाण्ड के काहे छानबिन ना कईलन कहत सवाल कईनी । ‘बारम्बार दरबार हत्याकाण्ड से जोडके पूर्वराजा के धम्कावेके आ बदनाम करेवाला के हिम्मत बा त छानबिन आयोग गठन करके सत्यतथ्य सार्वजनिक करस ।’ कहत उ, ‘जदि दरबार हत्याकाण्ड मे पूर्वराजा दोषी हि रहलन त दरबार हत्याकाण्ड के बाद शेरबहादुर देउवा, केपी ओली, प्रचण्ड, माधव नेपालसब बेर–बेर प्रधानमन्त्री भईलन । अपने बेर बेर प्रधानमन्त्री भईल समय उ नेतालोग दरबार हत्याकाण्ड के काहे छानबिन ना कईलन ? काहे राजा के जेल मे ना डललन’, लिङ्देन के सवाल रहे ।
अध्यक्ष लिङ्देन गणतन्त्र आ संघीयता के खारेजी, राजतन्त्र आ हिन्दु राष्ट्र के पुनर्स्थापना, प्रत्यक्ष निर्वाचित प्रधानमन्त्री लगायत के एजेन्डा लेके अभी राप्रपा जनता के बिच मे आईल बतवनी । राप्रपा के ई मुद्दा के पक्ष मे जनता के समर्थन भी प्राप्त हो रहल दाबी उ कईनी ।
अध्यक्ष लिङ्देन नेपाल मे गणतन्त्र आ संघीयता के खारेजी, राजतन्त्र आ हिन्दु राष्ट्र के पुनर्स्थापना नेपाली जनता के बल मे होखेके राप्रपा के मान्यता रहल बतवनी । एमे कउनो भी विदेशी शक्ति के हस्तक्षेप राप्रपा के स्वीकार्य ना होखेके उ बतवनी ।
अध्यक्ष लिङ्देन कहनी, ‘विदेशी के साथ आ सहजोग से आवेवाला कउनो भी परिवर्तन स्थायी ना होखेला । जनता के खातिर भी हितकर ना होखी । ई बात गणतन्त्र, धर्मनिरपेक्षता आ संघीयता से हि पुष्टि भइल बा ।’
गणतन्त्र आ संघीयता से नेपाली के पहिचान, धर्म, भाषा, संस्कृति के खतरा मे पारला से राप्रपा गणतन्त्र आ संघीयता खारेजी के माग कईल उ बतवनी । पत्रकार सम्मेलन मे राप्रपा के महामन्त्री धवलशम्सेर जबरा, नेता रविन्द्र मिश्र, सांसद ज्ञानेन्द्र शाही, विणा जयसवाल लगायत के सहभागिता रहल रहे ।




