एमाले बारा के अध्यक्ष मे पाण्डे ३४ मत से विजयी
एमाले बारा के अध्यक्ष मे पाण्डे ३४ मत से विजयी

प्रभु यादव
बारा २४ चईत
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी एमाले के ११ वाँ अधिवेशन से अध्यक्ष पद मे अध्यानन्द पाण्डे ३४ मत अधिक लियाके विजयी भईल बानी । पाण्डे तीन सय ७७ गो भोट लियाके विजयी भईल बानी आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी टिना सुवेदी तीन सय ४३ भोट लियाईल रहनी । पार्टी केन्द्रिय अध्यक्ष केपी शर्मा ओली पक्ष के बारा क्षेत्र नं. १ के सांसद अच्युत मैनाली के पत्नी टिना सुवेदी हारल बानी ।
जिल्ला कार्य समिति के पाँच गो पदाधिकार के मत गनला पर अपन पाईनल के पाण्डे मात्र विजयी भईल बानी । सुवेदी परायज भईल बानी माकिर उनकर पक्ष के पदधिकारी लोग विजयी भईल बानी ।
उपाध्यक्ष मे भुलन चौधरी तीन सय ६४ भोट लियाके विजयी भईल बानी आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी नारायण गौतम तीन सय ४० भोट लियाईल रहनी । सचिव मे अमृत शर्मा बजगाई तीन सय ६३ भोट लियाके विजयी भईल बानी आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी एम समुल्लाह तीन सय २७ भोट लियाईल रहनी । बजगाई संघिय सरकार के कृषि तथा पशुपक्षि मन्त्री के पति आ समुल्लाह कलैया उपमहानगरपालिका के उपमेयर रौशन परविन के पति बानी ।
उपसचिव मे जवाहीर अंसारी तीन सय ५७ भोट लियाके विजयी भईल बानी आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी धनिराम चौधरी तीन सय ४१ भोट लियाईल रहनी । जनानी उपसचिव मे भवना अचार्य तीन सय ६८ भोट लियाके विजयी भईल बानी आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी कमला धिमिरे तीन सय २५ भोट लियाईल रहनी ।
जिल्ला भर के आठ सय ३३ जने भोटर रहनी जवना मे से सात सय १९ भोट गिरल निर्वाचन अधिकृत जानकारी करावले बानी । शुक के दिन भईल चुनाव के मतगणना कुछ लेट से भईल जवना के पदधिकारी लोग के परिणाम आईल माकिर सदस्य लोग के भोट एतवार के दिन होई जानकारी करावले बा ।





