पर्सा मे साना तथा घरेलु उद्योग मे जनानी उद्यमी के स्वामित्व बढ रहल

पर्सा मे साना तथा घरेलु उद्योग मे जनानी उद्यमी के स्वामित्व बढ रहल

वीरगंज १२ बैशाख

सरकार जनानी उद्यमी के स्वामित्व मे नयाँ घरेलु तथा साना उद्योग दर्ता कईला पर ३५ प्रतिशत छुट देवेके प्रावधान से पर्सा के जनानी उद्योग दर्ता करे मे आकर्षित भईल बाडन । घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय के मुताविक पिछिलका बरीस मे जनानी उद्यमी सञ्चालक होके नयाँ उद्योग स्थापना करेके समय मे सुधार देखल गईल बा ।
कार्यालय के मुताविक सावन से चईत मसान्त के समय मे जिल्ला मे सात सय ३९ नयाँ घरेलु तथा साना उद्योग दर्ता भईल बा । नयाँ दर्ता भईल उद्योग मेसे जनानी उद्यमी सञ्चालक भईल सङ्ख्या तीन सय २९ रहल बा । एहितरे पुरुष उद्यमी सञ्चालक रहल उद्योग के सङ्ख्या चार सय ४७ बा ।
घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय के प्रमुख धञ्जयकुमार सिंह तराई–मधेस जईसन जगहा मे जनानी उद्यमी सञ्चालक होके नयाँ घरेलु तथा साना उद्योग दर्ता करेके प्रवृत्ति मे क्रमशः सुधार आरहल बतवनी । “एक दशक पहिले तक जनानी उद्यमी सञ्चालक होके खासे बहुते उद्योग दर्ता ना होखित, सभी जईसन पुरुष उद्यमी सञ्चालक भईल नयाँ उद्योग दर्ता होत रहे”, उ कहनी, “सरकार जनानी उद्यमी सञ्चालक भईल नयाँ उद्योग दर्ता कईला पर लागेवाला शुल्क मे ३५ प्रतिशत छुट देवेके व्यवस्था कईला सँगे अभी जनानी उद्यमी सञ्चालक भईल उद्योग दर्ता होखेके क्रम बढल बा ।”
सरकार दलित÷जनानी आ पुरुष के नाम मे दर्ता होखेके घरेलु तथा साना उद्योग के भी ३५ प्रतिशत छुट देवेके व्यवस्था भी कईले बा । कार्यालय के मुताविक अभी तक भी पुरुष के स्वामित्व के उद्योग के सङ्ख्या बहुते बा । चालु आव मे दर्ता भईल नयाँ उद्योग तीन हजार दु सय ५४ जने के रोजगारी सिर्जना करेके अनुमान कईल बा । उ मेसे एक हजार ९ सय चार पुरुष आ एक हजार तीन सय ५० जनानी के रोजगारी देवेके क्षमता रहल बा ।
कार्यालय चालु आव के ९ महिना के समय मे नयाँ साना तथा घरेलु उद्योग दर्ता होके रु ५९ लाख ८२ हजार चार सय राजस्व आम्दानी कईले बा । कार्यालय के मुताविक आव २०७९÷८० मे एक हजार ८९ नयाँ उद्योग दर्ता भईल रहे । बितल बरीस दर्ता भईल उद्योग मे जनानी उद्यमी के स्वामित्व भईल सङ्ख्या चार सय ५० आ पुरुष उद्यमी के स्वामित्व भईल आ छ सय ५४ रहल बाडन ।
बितल आव मे दर्ता भईल नयाँ घरेलु तथा साना उद्योग पाँच हजार चार सय ६० जने के रोजगारी सिर्जना करेके बतावल गईल बा । उ मेसे तीन हजार दु सय ४७ पुरुष आ एक हजार दु सय १३ जनानी के रोजगारी देवे सकेके क्षमता रहल बा । कार्यालय बितल आव मे नयाँ दर्ता भईल साना तथा घरेलु उद्योग से रु एक करोड छ लाख ३९ हजार दु सय ५० राजस्व सङ्कलन कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।