जेठ ३ गते पर्सा जिल्ला पूर्ण खोप घोषणा करेके तईयारी बारे सरोकारवाला के बईठक पुरा

जेठ ३ गते पर्सा जिल्ला पूर्ण खोप घोषणा करेके तईयारी बारे सरोकारवाला के बईठक पुरा

वीरगंज २० बैशाख

स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के आयोजना मे जिल्ला खोप समन्वय समिति के बईठक तथा पर्सा जिल्ला पूर्ण खोप सुनिश्चितता तथा दिगोपना सम्बन्धि भईल छलफल से अनेकन निर्णय कईले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के सभाहल मे भईल सरोकारवाला के बईठक मे आवेवाला जेठ ३ गते पर्सा जिल्ला पूर्ण खोप घोषणा करेके तईयारी बारे मे छलफल भईला के साथे जिल्ला पूर्ण घोषणा के खातिर सभी स्थानिय तह, स्वास्थ्य संस्थासब मे पूर्ण खोप लेहल लईकालईकीसब के अनुसूची फारम मुताविक सर्भे करेके, घरधुरी सर्वे करके प्रमाणीकरण करेके निर्णय भईल बा । एहितरे पूर्ण खोप घोषणा सभामे सभी खोप पुरा कईल ५ बरीस से कमके लईकालईकी के सहभागी करावेके साथे घोषणा खातिर युनिसेफ मार्फत बजेट व्यवस्थापन, घोषणा खातिर खोप समन्वय समिति के सदस्य सचिव एवं स्वास्थ्य कार्यालय पर्साके प्रमुख मुक्ति नारायण साह के जरुरी सभी निर्णयसब करे खातिर अधिकार देवेके निर्णय भईल बा । घोषणा सभा मे स्वास्थ्य मन्त्री के प्रमुख अतिथि के रुपमे बोलावे खातिर भी छलफल भईल बा ।
बईठक मे स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के अधिकृत जयमोद ठाकुर पर्सा जिल्ला पूर्णखोप सुनिश्चितता तथा दिगोपना सम्बन्धि प्रस्तुतीकरण प्रस्तुत कईले रहनी । जउना मे राष्ट्रिय खोप कार्जक्रम के खातिर मार्गदर्शक ऐन, नियमावली, नीति, रणनीति, खोप कार्जक्रम के चुनौति, खोप सेवा के प्रगति, अवस्था, राष्ट्रिय खोप कार्जक्रम के भावी योजना, पूर्णखोप सुनिश्चितता घोषणा के अवस्था लगायत के बारेमे प्रस्तुती प्रस्तुत कईले रहनी ।
बईठक मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुसाल, स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख मुक्ति नारायण साह, नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डा. उदय नारायण सिंह, शिक्षा विकास तथा समन्वय ईकाई के नि. प्रमुख श्याम किशोर प्रसाद, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के मनोज दास, नेपाल रेडक्रस सोसाईटी के बिरशमशेर प्रसाद कुर्मी, खोप दुत निला राम, सामाजिक कार्यकर्ता प्रकाश थारु, सञ्चारकर्मी राधेश्याम पटेल, अजय चौरसिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।