‘मुसहर समुदाय स्वास्थ्य सेवा से बन्चित’

‘मुसहर समुदाय स्वास्थ्य सेवा से बन्चित’

वीरगंज १६ जेठ

वीरगंज महानगरपालिका के अनेकन वार्ड मे रहत आईल मुसहर समुदाय स्वास्थ्य सेवा से बन्चित रहल एक अध्ययन बतवले बा । बुध के दिने पुरा भईल मानव केन्द्रीत ढाँचा तथा द्रुत लेखाजोखा सम्बन्धी सहश्रृजना कार्यशाला के समापन समारोह मे सार्वजनिक कईल तथ्यांक से अईसन देखवले बा ।
युनिसेफ के सहजोग मे वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य महाशाखा महानगर के वार्ड नम्बर २२, २८ आ ३२ के १ सय ७४ मुसहर घरधुरी मे कईल स्थलगत सर्भे से ई समुदाय अभी भी तुलनात्मक रुप मे आउर समुदाय से स्वास्थ्य सेवा सुविधा के पहुँच से दुर रहल मिलल बा ।
कार्जक्रम मे युनिसेफ नेपाल प्रतिनिधि एवम् सामाजिक व्यवहार परिवर्तन सम्बन्धी विज्ञ लिला खनाल सर्भे से ई वार्ड के मुसहर समुदाय मे औसत वियाह उमिर १७ दशमलव २ प्रतिशत, बच्चा जन्मावेवाला औसत उमिर १९ बरीस रहल देखावल बतवनी । समुदाय मे बालवियाह दर ८० प्रतिशत, किशोरी गर्भवती दर ५१ प्रतिशत, संस्थागत सुत्केरी होखेवाला दर ५५ प्रतिशत आ घर मे खोपकार्ड ना मिलल दर ४८ प्रतिशत रहल बा ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह मुसहर समुदाय के स्तरोन्नति के खातिर स्वास्थ्य मात्र ना होके शिक्षा के क्षेत्र मे भी लगानी करे खातिर निहोरा कईनी ।
मुसहर समुदाय के लईकालईकी तथा युवालोग के खेलकुद क्षेत्र से जोडके शिक्षा ओरी आकर्षित करे सकेके सुझाव भी देहनी । सिंह बदलाव सम्भव रहला पर भी ओकरा खातिर सरोकारवाला सभी के साथ आ सहकार्य जरुरी रहल बतवनी ।
स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख मुक्तिनारायण साह मुसहर समुदाय के उन्नयन के खातिर तीन तह के सराकार के सहकार्य जरुरी रहल बतवनी । उ शिक्षा आ स्वास्थ्य क्षेत्र मे सुधार से ई समुदाय के स्तर उठेके बतवनी ।
कार्जक्रम मे मुसहर समुदाय के स्तरोन्नति के खातिर नीतिगत सुझाव भी देहल गईल रहे । जउना मे ई समुदाय के निःशुल्क स्वास्थ्य बीमा, जन्मदर्ता, नागरिकता आ लालपुर्जा के सुनिश्चितता, सर्वसुलभ स्वास्थ्य सेवा पहुँच के खातिर निजी अस्पतालसब से समन्वय आ सहकार्य करेके, निःशुल्क एम्बुलेन्स सेवा, सिपटी, पिएवाला पानी आ नाला के व्यवस्था करेके आदि रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।