मधेश मे १ अरब ८५ करोड ४२ लाख ४२ हजार बेरुजु

मधेश मे १ अरब ८५ करोड ४२ लाख ४२ हजार बेरुजु

जनकपुरधाम १७ जेठ

आर्थिक बरीस २०७९÷८० मे मधेश प्रदेश मे १ अरब ८५ करोड ४२ लाख ४२ हजार रोपेया बराबर के बेरुजु भईल देखल गईल बा । ई आउर प्रदेश के बराबरी मे सबसे बेसी ह ।
बुध के दिने महालेखापरीक्षक कार्यालय प्रदेश प्रमुख सुमित्रा सुवेदी भण्डारी के बुझावल प्रदेश के छौ वाँ प्रतिवेदन मे प्रदेश के मन्त्रालय तथा आउर निकाय सहित १४९ गो कार्यालय के ४७ अरब ९५ करोड २१ लाख ३२ हजार रोपेया बराबर के कईल लेखापरीक्षण मे उ बेरुजु देखल गईल बा । प्रदेश के १३५ सरकारी कार्यालय आ १४ गो आउर संस्था तथा समिति के लेखापरीक्षण कईल बा । जउना मे सरकारी कार्यालय ओरी १ अरब ५९ करोड १६ लाख १७ हजार आ आउर संस्था तथा समिति ओरी २६ करोड २६ लाख २५ हजार रोपेया बराबर के बेरुजु रहल बा ।
प्रतिवेदन मे १४९ गो कार्यालय के कईल लेखापरीक्षण मे कायम कईल बेरुजु मे असुल करेवाला ७ करोड ३१ लख ३ हजार, नियमिति करेवाला १ अरब ३३ करोड २५ लाख ७१ हजार आ पेश्की ४४ करोड ८५ लाख ६८ हजार रहल बा ।
ई बाहेक अनेकन योजना मे अनियमित भईल ३५ करोड ७९ लाख ४७ हजार आ ९७ करोड ३९ लाख १२ हजार रोपेया बिना कउनो प्रमाण कागजात के भुक्तानी कईल बा ।
प्रतिवेदन मुताविक सबसे बेसी प्रदेश के भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्रालय मे ८२ करोड, ५४ लाख, ४५ हजार बेरुजु देखल गईल बा । एहितरे मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय के ४४ करोड ६० लाख ९५ हजार, सामाजिक विकास मन्त्रालय के १२ करोड ३ लाख ९३ हजार रोपेया बा । एहितरे उर्जा सिंचाइ तथा खानेपानी मन्त्रालय के ७ करोड २८ लाख ३९ हजार, उद्योग, वाणिज्य तथा पर्यटन मन्त्रालय के ४ करोड ९० लाख ४१ हजार आ आउर मन्त्रालय तथा निकाय के ३४ करोड ४ लाख २९ हजार रोपेया बेरुजु रहल बा ।
प्रदेश सरकारी कार्यालय ओरी बितल बरीस तक के पेश्की एक अरब ८३ करोड १५ लाख ६६ हजार रोपेया बाँकी रहला मे ई बरीस ३९ करोड ८२ लाख २१ ह्जार मात्र फछ्र्यौट होके १ अरब ४३ करोड ३३ लाख ४५ हजार बाँकी हि रहल बा ।
ई बरीस १३५ सरकारी कार्यालय के कईल लेखा परीक्षण मे प्रदेश सभा सचिवालय सहित १७ गो कार्यालय आ आउर संस्था तथा समिति ओरी २ गो कार्यालय के बेरुजु देखल गईल नईखे । प्रतिवेदन बुझत प्रदेश प्रमुख सुमित्रा सुवेदी भण्डारी प्रतिवेदन के अध्ययन करके प्रदेश मे आर्थिक सुशासन कायम करे खातिर प्रदेश सरकार के सुझाव देवेके बतवनी । उ महालेखा परीक्षक के वार्षिक प्रतिवेदन से देखावल विषयसब के कार्यान्वयन से प्रदेश मे आर्थिक अनुशासन कायम करेमे बडका मद्दत पुगेके विश्वास रखनी ।
अभी तक के बेरुजु के अवस्था देखला पर कोशी प्रदेश के ५ अरब ५८ करोड, बागमती के ४ अरब २८ करोड, गण्डकी के दु अरब ६८ करोड रोपेया बा । एहितरे, लुम्बिनी के ४ अरब दु करोड, कर्णाली के ३ अरब ९४ करोड ८२ लाख ५४ हजार आ सुदूरपश्चिम प्रदेश के २ अरब ६८ करोड २९ लाख २९ हजार बराबर बेरुजु देखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।