न्यायीक समिति के अपहेलित कर रहल कलैया उपमहानगरपालिका

न्यायीक समिति के अपहेलित कर रहल कलैया उपमहानगरपालिका

प्रभु यादव

बारा १८ असाढ
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका न्यायीक समिति के अपहेलित कर रहल जनावल गईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ६ के बेलपातीमाई के नजिक कृष्णा डेन्टल क्लिनिक के न्यायीक समिति मे मिति २०८०÷९÷१८ गते डा. मुकेश यादव के विपक्षी बनाके देहल मुद्दा नम्वर ३५÷८०÷८१ के जवाफ मागल आज तक विचाराधिन रहल जवना के नगर प्रहरी लगाके ताला तोडवाके समान फेक के कानुन तुरले बा । पुस महिना से हरेक महिना तारिख उठावत आईल बानी असाढ के २४ गते तारेख रहल बा ओकरा पहिले ही क्लिनिक के ताला तोड के कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रहरी समान सब हिनामिना कर देहल डा. यादव सिकायत कईले बानी ।
घर धनी जवाहिरलाल कलवार क्लिनिक खाली करेला उपमहानगरपालिका मे निवेदन देहल न्यायीक समिति मे मुद्दा चल रहल बा । मुद्दा के किनारा ना लागते कलैया उपमहानगरपालिका आपन मनमौजी असाढ १० गते क्लिलिनक मे लागल ताला तोड के समान सभे लेगईल डा. यादव के कहनाम रहल बा । वार्ड नम्वर ६ के लिखल निर्णय मे आपन उपस्थित आ मनजुरी सहि छाप ना रहल ना खालि करेला कवनो जानकारी आईल एकाएक बन्द रहल क्लिनिक के ताला तोड के समान सब बेपता बनावल कवन कानुन से मिलल जवन पालिका बतादेव डा. यादव के कहनाम रहल बा ।
कानुन के अधिकार मे रहके कलैया उपमहानगरपालिका मे रहल न्यायिक समिति से बोलावल समय मे पुगत आईला पर भी मनमौजी ताला तोडल आपना उपर अन्याय भईल यादव जनकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नाथु साह ताला तोडल सम्बन्ध मे कवनो जानकारी देवेके ना चहले बानी ।
न्यायीक समिति के संयोजक रौशन परविन के फुन कईला पर ना उठेसकल । न्यायिक समिति के सदस्य ध्रुव राउत अहिर घर धनी जवाहिरलाल कलवार से देहल निवेदन के कवनो किनारा ना लागल बा ताला तोड के क्किलिनक खाली कईल जे कईले बा उहे जवाफ दि कहके बतावले बानी ।
न्यायिक समिति सदस्य धर्मेन्द्र यादव मुद्दा विचाराधिन बा ताला तोड के समान निकालेके काम ना करे के चाहिँ कईले बा तब उहे लोग जवाफ दिहे बतावले बानी । न्यायिक समिति मे रहल मुद्दा किनार ना लगाके ताला तोड के समान निकाल ठिक ना भईल जनकार लोग बता रहल बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।