मधेश प्रदेश के डिआईजी आचार्य के नाम मे घुमुवा पटेल के असुली आतंक
मधेश प्रदेश के डिआईजी आचार्य के नाम मे घुमुवा पटेल के असुली आतंक

वीरगंज २६ पुस
नेपाल प्रहरी मधेश प्रदेश कार्यालय के नाम मे एक प्रहरी सहायक – हवलदार आतंक हि मचावल समाचार मे जनावल गईल बा ।
नेपाल प्रहरी मधेश प्रदेश कार्यालय के प्रमुख प्रहरी नायब महानिरीक्षक (डिआईजी) लालमणि आचार्य के सभी कुछ देखेवाला हम हि हई कहके प्रहरी सहायक हवलदार राजिव पटेल व्यपारी, प्रहरी कार्यालय आ सर्वसाधारण के आतंकित बना रहल समाचार स्रोत जनवले वा ।
प्रहरी सहायक हवलदार पटेल के दरबन्दी सिरहा जिल्ला रहला पर – भी उ समय समय मे मधेश प्रदेश के जिल्लासब में घुमत असुली धन्दा मे जोडतोड के साथ लागल पुलीस स्रोत के दाबी रहल वा ।
पटेल के दरबन्दी रहल जिल्ला सिरहा मे उ डियुटी कम आ मधेश के सभी जिल्लासव में पुग के कभी व्यपारी त कभो प्रहरी युनिटसव में डिआईजी आचार्य के नाम से धम्काके – रोपेया असुली कर रहल जनावल गईल बा। “हम डिआईजी के घुमुवा हई कउनो भी तस्करी के लाईन चलावेके वा त हमर अनुमति विना चलावेके ना मिली, पहिले मासिक केतना देम फिक्स करी तवे मात्र – काम करे मिली” कहके व्यपारीलोग – से धाक लगावत मासिक लाखो लाख असुली करके तस्करी के लाईन देरहल सहायक हवल्दार राजिव पटेल एक व्यपारी नाम ना छापेके शर्त मे ई दैनिक के बतवनी ।
एहितरे प्रहरी युनिटसव में पुग के डिआईजीसाब के भाग मासिक रुप में छुटयावेके कहके असुली कर रहल स्रोत के दाबी रहल बा ।
डिआईजी आचार्य मधेश प्रदेश के प्रमुख के रुप में जिम्मेवारी सम्हारल समय से कुछ मात्रा मे तस्करी लगायत के अवैध कारोवारसब में कमी अईला पर भी सहायक हवलदार पटेल डिआईजी आचार्य के नाम में तस्करी आ अवैध कारोबार के लाईन सुचारु करावेमे सफल होत आईल बतावल जाता ।
सहायक हवल्दार पटेल बितल एक बरीस पहिले सप्तरी जिल्ला के जिल्ला प्रहरी कार्यालय से घुमुवा के रूप में कार्यरत्त रहल रहलन । उहाँ कार्यरत्त रहला पर पुलीस के बहुते बदनामी करावल कहत पटेल के सिरहा में सरुवा कईल रहे। सिरहा मे अईला के बाद कुछ समय डियुटी कईला पर भी अभी उपरला निकाय के आर्शीवाद से फेनु घुमुवा के रुप में काम कर रहल जनावल गईल बा ।
एकरा ओरी डिआईजी आचार्य आ प्रहरी संगठन के उपरला निकाय के ध्यान पुगल जरुरी रहल सचेत नागरिकलोग के कहनाम रहल वा । ई सन्दर्भ में प्रहरी सहायक हवलदार राजिव पटेल से मोवाईल फोन सम्पर्क करे के खोजला पर सम्पर्क होखे ना सकल । उल्था नवलपुर टुडे






