भन्सार ना तिरके लियावल लत्ताकपडा सहित २ गो सवारी नियन्त्रण मे

भन्सार ना तिरके लियावल लत्ताकपडा सहित २ गो सवारी नियन्त्रण मे

वीरगंज १३ बैशाख

पुलीस वीरगंज से भन्सार ना तिरके लियावल कपडा लत्ता लादल भारतीय नम्बर के २ सवारी साधन नियन्त्रण मे लेहले बा ।
बुध के सँझिया साढे ५ बजे के समय मे अनेकन किसिम के लत्ताकपडासब लादल मालवाहक पिकअप आ टेक्टर एकीकृत सुरक्षा जाँच चौकी से वीरगंज ओरी जा रहल सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल चेकिङ टोली वीरगंज महानगरपालिका– २५ अलौस्थित सडकखण्ड से उ दुनु सवारी साधन के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
बिआर ०५ जिए ९०४२ नम्बर के मालवाहक पिकअप आ बिआर २२ क्यु ७७२७ नम्बर के ट्याक्टर के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले रहे । मालबस्तुसब के साथ मे रहल प्रज्ञापन पत्र, अनलाइन भिसिटिए बिल से बेसी लादल अवस्था मे मिलल रहे । दुनु सवारी मे करके ४० लाख ३६ हजार २ सय १ रोपेया बराबर के अनेकन किसिम के कपडासब बरामद करके जरुरी कारवाही के खातिर बियफे के दिने राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता डिएसपी कुमारविक्रम थापा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।