लेखक दिनेश गुप्ता द्वारा भोजपुरी साहित्य में ‘दिनेश गुप्ता प्रतिभा पुरस्कार’ के घोषणा

वीरगंज २१ माघ, लेखक दिनेश गुप्ता भोजपुरी साहित्य में नया प्रतिभा के बढ़ावा देवे खातिर ‘दिनेश गुप्ता प्रतिभा पुरस्कार’ शुरू करे के घोषणा कइले बाड़न ।
भोजपुरी, नेपाली आ हिन्दी भाषा में करीब एक दर्जन किताब लिख चुकल लेखक गुप्ता जी के कहनाम बा कि, ई पुरस्कार भोजपुरी साहित्य के क्षेत्र में लागल लेखकन आ कवियन के एगो नया मंच देवे आ उनकर हुनर के दुनिया के सोझा लावे खातिर राखल गइल बा ।
पुरस्कार के महत्व के बारे में बतावत गुप्ता जी कहलन, “साहित्य हमरा जवना तरीका से एगो साहित्यकार के रूप में पहचान देले बा—ई ओही कर्ज के उतारे के एगो छोटहन कोसिस ह । ई पुरस्कार हमरा ओर से भोजपुरी साहित्य में योगदान देवे वाला लेखकन आ कवियन खातिर एगो प्रेम भरल उपहार ह ।”
ऊ आगे कहलन, “एह पुरस्कार के लक्ष्य समाज के एगो नया नजरिया देवे के बा । अइसन लेखक आ कवि जे बढि़या लिखत त बाड़न, बाकिर अभी तक उनकरा के ऊ पहचान नइखे मिलल, ई पुरस्कार उनकर हौसला बढ़ाई । एह पहल से लेखकन के आपन प्रतिभा दिखावे के मौका मिली आ ऊ साहित्यिक दुनिया में आपन एगो अलग नाम बना पइहें ।”
पुरस्कार खातिर चुनाव के तरीका पर एकदम साफ–सुथरा आ निष्पक्ष राखे पर खास ध्यान दिहल गइल बा । बिजेता लोग के चुनाव तीन गो विद्वान साहित्यकारन के टोली करी, जवना में खुद दिनेश गुप्ता जी शामिल ना रहिहें । शर्त ई बा कि भोजपुरी साहित्य में कम से कम एगो किताब छपल होखे के चाहीं । चुनाव सिर्फ लेखन के गहराई, नयापन, सामाजिक संदेश आ संवेदनशीलता के आधार पर कइल जाई ।
साहित्यकारन अउर पाठकन के बीच एह पुरस्कार के लेके काफी उत्साह देखल जा रहल बा । लेखक गुप्ता जी बतवलन कि पुरस्कार के शुरुआत एही फरवरी महीना के भीतर हो जाई । मानल जा रहल बा कि एह पहल से भोजपुरी साहित्य में एगो नया ऊर्जा आई ।






