हर्दिया में रास्वपा के लहर: ६० से अधिक नेता–कार्यकर्ता सुशील कानु के समर्थन में शामिल

हर्दिया में रास्वपा के लहर: ६० से अधिक नेता–कार्यकर्ता सुशील कानु के समर्थन में शामिल

वीरगंज, ७ फागुन

पर्सा क्षेत्र नम्बर २ अंतर्गत पर्सागढ़ी नगरपालिका वडा नम्बर ५ हर्दिया में अलग–अलग राजनीतिक दल छोड़ के ६० से अधिक नेता, कार्यकर्ता आ स्थानीय युवा लोग राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) में प्रवेश कइले बाड़ें।

हर्दिया में आयोजित कार्यक्रम में पर्सा–२ से प्रतिनिधिसभा सदस्य पद के उम्मीदवार सुशील कुमार कानु नवप्रवेशी लोग के फूलमाला आ गमछा पहिरा के पार्टी में स्वागत कइले।

नवप्रवेशी लोग के कहना रहल कि देश में बदलाव, सुशासन आ भ्रष्टाचारमुक्त समाज के स्थापना करे के क्षमता अब सिर्फ रास्वपा में बा, एह कारण ऊ लोग पार्टी में शामिल भइल। ऊ लोग आरोप लगवलस कि पहिले जवन दल में रहे, ओह दल के नेता लोग सत्तासीन होखे खातिर सीढ़ी जइसन इस्तेमाल कइलस। स्थानीय युवा विकास यादव कहलन, “अब असली वैकल्पिक शक्ति रास्वपा ही बा, जवन देश हित में काम करी।”

स्वागत भाषण में कानु कहलन कि पर्सा जिला में युवा लोग खातिर रोजगार सृजन, स्थानीय उद्यमी के प्रोत्साहन आ बंद पड़ल उद्योग–कलकारखाना के उत्पादन बढ़ावे उनकर मुख्य एजेन्डा बा। साथ ही पर्सागढ़ी के ऐतिहासिक महत्व के अंतरराष्ट्रीय स्तर पर प्रचार–प्रसार करे के प्रतिबद्धता भी ऊ दोहरवलन।

कानु आरोप लगवलन कि पर्सा–२ से कई बेर सांसद आ मंत्री बनल नेता लोग क्षेत्र के ठोस विकास ना कर पवलस। ऊ कहलन, “अबकी बेर मौका मिली त स्वास्थ्य, शिक्षा, भौतिक पूर्वाधार, बाजार व्यवस्था आ खेती के आधुनिकीकरण पर विशेष ध्यान दीहल जाई।”

कानु मतदाता लोग से ‘घण्टी’ चुनाव चिन्ह पर मतदान क के प्रत्यक्ष आ समानुपातिक दूनो तरह के उम्मीदवार के विजयी बनावे के अपील कइलन।

कार्यक्रम में भारी संख्या में स्थानीय बाशिंदन के उपस्थिति देखल गइल, जवन हर्दिया क्षेत्र में रास्वपा के बढ़त प्रभाव आ चुनावी माहौल के तेज होखत संकेत दे रहल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।