अंतर्राष्ट्रीय सैंड आर्टिस्ट मधुरेंद्र कुमार के मिली ‘दानवीर कर्ण राष्ट्रीय सम्मान’

अंतर्राष्ट्रीय सैंड आर्टिस्ट मधुरेंद्र कुमार के मिली ‘दानवीर कर्ण राष्ट्रीय सम्मान’

मोतिहारी ७ फागुन

विश्व मातृभाषा दिवस के मौका पर भागलपुर (बिहार) में २२ फरवरी २०२६ के आयोजित होखे वाला अंग अंगिका साहित्य महोत्सव में बिहार के लाल आ देश के प्रसिद्ध अंतर्राष्ट्रीय रेत शिल्पकार मधुरेंद्र कुमार के प्रतिष्ठित ‘दानवीर कर्ण राष्ट्रीय सम्मान’ से सम्मानित कइल जाई।

ई जानकारी प्रसून लतांत (जनसत्ता के वरिष्ठ पत्रकार) व्हाट्सएप से आमंत्रण पत्र भेज के दिहलन। उनका अनुसार, ई महोत्सव युग चेतना, अंग जन गण, अंग मदद आ अंगिका सभा फाउंडेशन के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित होखी। एह कार्यक्रम में अंगिका भाषा, साहित्य, कला आ संस्कृति के क्षेत्र में विशेष योगदान देवे वाला विभूतियन के सम्मानित कइल जाई।

बतावल गइल कि मधुरेंद्र कुमार आपन अद्भुत रेत कला से ना खाली देश में, बलुक अंतर्राष्ट्रीय मंच पर भी भारतीय संस्कृति, सामाजिक सरोकार आ मानवीय मूल्य के मजबूत संदेश दिहले बाड़न। उनकर कलाकृति से भारत आ बिहार के गौरव विश्व स्तर पर बढ़ल बा।

अंगिका साहित्य महोत्सव में ‘दानवीर कर्ण राष्ट्रीय सम्मान’ से सम्मानित होखल अंग प्रदेश सहित पूरा बिहार खातिर गर्व के बात मानल जा रहल बा। कार्यक्रम में देशभर से साहित्यकार, कलाकार, भाषा प्रेमी आ सामाजिक कार्यकर्ता लोग के भारी मौजूदगी रही।

विश्व मातृभाषा दिवस पर आयोजित ई समारोह अंगिका भाषा के बढ़ावा देवे आ क्षेत्रीय सांस्कृतिक पहचान के राष्ट्रीय स्तर पर प्रतिष्ठित करे के दिशा में एक महत्वपूर्ण पहल मानल जा रहल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।