अठराहा सुगौली में घन्टी के गूँज : सुशील कुमार कानू के घर-घर जनसमर्थन

अठराहा सुगौली में घन्टी के गूँज : सुशील कुमार कानू के घर-घर जनसमर्थन

वीरगंज, ८ फागुन

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ से सुशील कुमार कानू, जे राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के प्रतिनिधि सभा सदस्य पद के उम्मीदवार बाड़े, ऊ वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. २६ के अठराहा सुगौली टोल में घरदैलो कार्यक्रम सम्पन्न कइले बाड़े।
घर-घर जा के मतदाता लोग से बातचीत करत कानू “घन्टी” चुनाव चिन्ह पर मत देवे के अपील कइले। ऊ कहलें कि रास्वपा के करार पत्र अनुसार पाँच साल तक जनता के सेवा में समर्पित रही के काम करीहें।
कानू कहले कि उनकर मुख्य लक्ष्य आम जनता के जीवनस्तर सुधारे के बा आ भुइँतह के नागरिकन के आवाज संसद में मजबूती से उठावे के बा। पिछला जनप्रतिनिधियन के कामकाज पर असंतोष जतावत ऊ कहलें कि पर्सा–२ में रोजगार, शिक्षा, स्वास्थ्य आ भौतिक पूर्वाधार के क्षेत्र में खास प्रगति नइखे भइल। “ई इलाका आजुओ बीस बरिस पहिले जइसन हालत में बा,” कानू कहलें, “जीतलें के बाद ई स्थिति बदले के पूरा प्रयास करी।”
अपने के जनता के बीच काम करे वाला अनुभवी व्यक्ति बतावत ऊ शिक्षा, स्वास्थ्य, खेती-किसानी आ पूर्वाधार विकास के प्राथमिकता देवे के बात दोहरवले।
सुशासन आ डिजिटल प्रशासन पर जोर देत कानू सरकारी सेवा के डिजिटलाइज करे, ई-गवर्नेन्स प्रणाली लागू करे आ भ्रष्टाचार रोके के प्रतिबद्धता जतवले। ऊ एकीकृत डिजिटल प्लेटफार्म से सेवा देवे आ नागरिकन के डाटा सुरक्षित रखे के योजना के जानकारी भी दिहलें।
आर्थिक विकास खातिर ऊ रोजगार सृजन, निवेश आकर्षण आ स्टार्टअप खातिर विशेष कोष बनावे के प्रस्ताव रखलें। उनका उम्मीद बा कि एह कदम से स्थानीय युवा लोग के नया अवसर मिली।
घरदैलो कार्यक्रम में स्थानीय युवा आ बुजुर्गन के उल्लेखनीय सहभागिता देखे के मिलल। सहभागी लोग “परिवर्तन खातिर घन्टी पर मत दीं” के नारा लगावत उत्साह

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।