पर्सा–२ में बढ़ल चुनावी जोश, रीमा यादव खातिर मैदान में उतरलें मोहमद मेराज

पर्सा–२ में बढ़ल चुनावी जोश, रीमा यादव खातिर मैदान में उतरलें मोहमद मेराज

वीरगंज ९ फागुन

राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल के केन्द्रीय सदस्य मोहमद मेराज पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ में नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (एमाले) के उम्मीदवार रीमा यादव के जीत दिलावे खातिर जोरदार चुनावी अभियान में जुट गइल बाड़ें।

घर-घर संपर्क, टोलसभा आ युवन संग अंतरक्रिया करत मेराज कहनी कि पर्सा–२ के विकास, सुशासन आ युवामैत्री नीति लागू करे खातिर रीमा यादव मजबूत आ दृढ़ उम्मीदवार बाड़ी। उनकर कहनाम बा कि क्षेत्र के समग्र विकास आ युवन के उज्ज्वल भविष्य खातिर सही नेतृत्व जरूरी बा।

मेराज युवन से अपील कइनी कि ऊ सकारात्मक बदलाव खातिर एकजुट होखस। उनकर शब्द में, “रीमा यादव नेतृत्व क्षमता, ईमानदारी आ जनता से सीधा जुड़ाव के कारण पर्सा–२ के भरोसेमंद विकल्प बाड़ी। उनकर जीत मतलब क्षेत्र में स्थायित्व, विकास आ नया सोच के जीत होई।”

उनका अनुसार, एमाले के संगठनात्मक ताकत आ मजबूत जनाधार से क्षेत्र में उत्साहजनक माहौल बन गइल बा। ऊ कहलन कि चुनाव खाली जीत-हार के खेल ना ह, बलुक नीति, विचार आ विकास के दिशा तय करे के मौका ह।

मेराज आगे जोड़लन, “हमनी सकारात्मक एजेन्डा, साफ योजना आ जनता के प्रति जवाबदेही के आधार पर मत मांगत बानी। पर्सा–२ के मतदाता विकास, स्थिरता आ सुशासन के पक्ष में फैसला करी, एहमें पूरा विश्वास बा।”

एही बीच युवा संघ के कार्यकर्ता आ एमाले समर्थक गांव-गांव, टोल-टोल सक्रिय रूप से प्रचार-प्रसार में जुट गइल बाड़ें। चुनाव नजदीक आवते पर्सा–२ के राजनीतिक सरगर्मी अउरी तेज हो गइल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।