रामगाढ़वा टोला में अशोक टेमानी के जनसंवाद, पानी–सड़क–स्वास्थ्य बने चुनावी मुद्दा

रामगाढ़वा टोला में अशोक टेमानी के जनसंवाद, पानी–सड़क–स्वास्थ्य बने चुनावी मुद्दा

वीरगंज ९ फागुन

जनता समाजवादी पार्टी, नेपाल (जसपा) के ओर से पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ के प्रतिनिधि सभा सदस्य पद के उम्मीदवार अशोक टेमानी वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २४ रामगाढ़वा टोला में दीर्घकालीन शहरी समस्या के चुनावी एजेंडा के केंद्र में रखत समाधानमुखी प्रतिबद्धता जतवले बाड़ें।

चुनावी प्रचार अभियान के तहत टेमानी घर-घर जा के स्थानीय लोग से सीधा संवाद कइलन। ऊ ज्येष्ठ नागरिक, महिला, युवा आ किसानन से खुला बातचीत करत रोजमर्रा के समस्या के विस्तार से जानकारी लिहलन।

स्थानीय लोग पानी के भारी किल्लत, गुणवत्तापूर्ण शिक्षा आ सहज स्वास्थ्य सेवा के कमी, खेती से जुड़ल दिक्कत, बरसात में हर साल होखे वाला डूबान–बाढ़, साथे सड़क आ नाला निकासी के खराब व्यवस्था के मुद्दा उठवलस। लोगन के कहना बा कि बरिसन से पानी के समस्या गंभीर बनल बा—चापाकल सूख जाला, नियमित धारा नइखे, टैंकर पर निर्भर रहना पड़ेला।

टेमानी कहलन कि दीर्घकालीन समाधान खातिर आधुनिक जल आपूर्ति योजना, भू-जल संरक्षण आ प्रभावी वितरण प्रणाली लागू करे के जरूरत बा। शिक्षा के मामला में ऊ स्कूल सुधार, प्राविधिक शिक्षा के विस्तार आ युवा केंद्रित सीप विकास कार्यक्रम चलावे के वादा कइलन। स्वास्थ्य सेवा सुदृढ़ करे, स्वास्थ्य चौकी के स्तरोन्नति आ जरूरी दवा–दराज उपलब्ध करावे के आश्वासन दिहलन।

खेती क्षेत्र में मल, बीज, सिंचाई आ बाजार व्यवस्था के कमी पर किसानन चिंता जतवलन। बरसात में बाढ़ से खेत के नुकसान होखे के बात सामने आईल। टेमानी व्यवस्थित नाला निकासी, तटबंध निर्माण, सिंचाई योजना विस्तार आ किसानन के अनुदान–सहुलियत ऋण उपलब्ध करावे के प्रतिबद्धता जतवलन।

रामगाढ़वा टोला के कई सड़क कच्ची आ जर्जर हालत में बा। बरसात में पानी जम जाला। टेमानी कहनी कि समग्र पूर्वाधार विकास दीर्घकालीन योजना से होई आ बजट के पारदर्शी ढंग से विनियोजन कइल जाई।

संवाद के दौरान टेमानी जोर देत कहनी, “राजनीति खाली चुनाव जीते खातिर ना, बल्कि जनता के जीवन स्तर सुधारे खातिर होखे के चाहीं।” ऊ भरोसा दिलवलन कि निर्वाचित भइनी त रामगाढ़वा समेत पूरा पर्सा–२ के समस्या योजनाबद्ध तरीका से हल कइल जाई आ जनता के सुझाव घोषणा पत्र में शामिल कइल जाई।

घरदैलो कार्यक्रम में युवा लोग के खास मौजूदगी देखल गइल। रोजगार सृजन, सीपमूलक तालिम आ स्वरोजगार योजना के मांग उठल। टेमानी युवन के उत्पादनशील क्षेत्र से जोड़े खातिर विशेष कार्यक्रम लावे के बात कहनी।

कुल मिलाके, रामगाढ़वा टोला के एह जनसंवाद से चुनावी माहौल अउरी गरमा गइल बा। अब मतदाता लोग आशा करत बा कि वादा जमीन पर उतरे आ ठोस काम में बदले।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।