पर्सा–२ में संतोष पटेल के जनजागरण अभियान तेज, “हर हर कमल, घर घर कमल” से गूंजल इलाका
पर्सा–२ में संतोष पटेल के जनजागरण अभियान तेज, “हर हर कमल, घर घर कमल” से गूंजल इलाका

वीरगंज ९ फागुन
पर्सा जिला निर्वाचन क्षेत्र नं. २ अंतर्गत वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २४ बहुवरी आ २८ बगही, साथे पर्सागढ़ी नगरपालिका वार्ड नं. ६ चैनपुर, ५ हरदिया आ ८ हरपुर में जनजागरण कार्यक्रम आ स्थानीय अगुवन से भेटघाट संपन्न भइल।
एह कार्यक्रम में उम्मीदवार संतोष पटेल “एक वोट राष्ट्र खातिर, हर हर कमल घर घर कमल” के नारा के साथ घरदैलो आ जनसंवाद अभियान तेज कइनी। ऊ युवा, महिला आ विद्यार्थी के उच्च सम्मान, आर्थिक विकास, धार्मिक पर्यटन के बढ़ावा, सनातन हिंदू राष्ट्र नेपाल आ रामराज्य स्थापना के मुद्दा प्रमुख रूप से उठवले।
पटेल कहलन कि भ्रष्टाचारमुक्त समाज निर्माण, शिक्षा–स्वास्थ्य में सुधार, सुशासन, विकास आ सुरक्षा सुनिश्चित कइल उनका मुख्य प्रतिबद्धता बा। ऊ कहनी कि परिवर्तन खातिर स्वाभिमान के रक्षा जरूरी बा।
किसानन के उच्च प्राथमिकता देवे, खेल क्षेत्र के प्रोत्साहन, मेडिकल कॉलेज स्थापना, क्रिकेट स्टेडियम निर्माण आ रामायण सर्किट के विकास से रोजगार सृजन कर क्षेत्र के समृद्ध बनावे के लक्ष्य बतवले। उनका अनुसार, योजनाबद्ध विकास से पर्सा–२ के नई पहचान मिल सकेला।
उम्मीदवार संतोष पटेल मतदाता लोग से अपील कइनी कि नेपाल जनता पार्टी के कमल छाप पर वोट देके साथ, सहयोग आ आशीर्वाद देवें। स्पष्ट विजन आ राष्ट्रवादी सोच के साथ पटेल के चुनावी अभियान क्षेत्र में चर्चा के विषय बनल बा।






