परसवा में संयुक्त छापा : साल के गोलिया आ फर्निचर खातिर राखल लकड़ी बरामद, तस्करन में मचल हड़कंप

परसवा में संयुक्त छापा : साल के गोलिया आ फर्निचर खातिर राखल लकड़ी बरामद, तस्करन में मचल हड़कंप

वीरगञ्ज‌ ६ असार

काल्हु से सोशल मीडिया आ अलग-अलग माध्यम पर काठ तस्करी से जुड़ल वीडियो सार्वजनिक होखे के बाद पर्सा के सबैया इलाका में वन संरक्षण निकाय सभ सक्रिय हो गइल बा। एह क्रम में सबैया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह, सब डिभिजन वन कार्यालय सबैया, नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी बल के संयुक्त टोली वीरगञ्ज महानगरपालिका वडा नं. ३२ परसवा में छापामारी करके अवैध रूप से लुकवाके राखल साल के गोलिया आ फर्निचर बनावे वाला लकड़ी बरामद कइले बा।

संयुक्त टोली के अनुसार त्रिपाल से ढँकल हालत में भारी मात्रा में साल के काठ मिलल बा। प्रारम्भिक अनुसन्धान में ई आशंका जतावल गइल बा कि ई लकड़ी वन क्षेत्र से अवैध कटानी करके जमा कइल गइल रहे। बरामद काठ के नियन्त्रण में लेके आगे के अनुसन्धान प्रक्रिया शुरू कर दिहल गइल बा।

छापामारी कार्रवाई के दौरान ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक समुन्त अधिकारी, सबैया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के अध्यक्ष लखनलाल साह कानु, उपाध्यक्ष असलम आलम, सदस्य भइया रामप्रसाद पटेल आ श्रवण साह समेत कई जना के उपस्थिति रहल।

सहभागी सभ कहले कि वन सम्पदा बचावे खातिर स्थानीय समुदाय, वन कार्यालय आ सुरक्षा निकाय बीच के सहकार्य आउर मजबूत करे के जरूरत बा।
नेपाल के वन ऐन २०७६ के अनुसार बिना अनुमति वन पैदावार के कटानी, ओसारपसार, भण्डारण चाहे बिक्री वितरण गैरकानूनी मानल जाला।

अवैध काठ तस्करी में संलग्न पाइला पर जरिवाना, जेल सजाय आ वन पैदावार जफत करे तक के कानूनी प्रावधान बा।

स्थानीय बासिन्दा सभ के कहना बा कि हाल के दिनन में वन क्षेत्र से चोरी कटानी आ तस्करी के घटना बढ़ गइल बा, एह से सम्बन्धित निकाय के नियमित अनुगमन आ कड़ाई से कार्रवाई करे के जरूरत बा। संयुक्त टोली बतवले बा कि घटना में संलग्न लोग के पहचान करके कानूनी दायरा में लियावे के तैयारी चल रहल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।