राज्यमन्त्री यादवद्धारा धर्मशाला के शिलान्यास

मेवालाल यादव
रौतहट १५ फागुन
प्रदेश नं. २ के भुमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारी राज्य मन्त्री योगेन्द्र यादव गृह जिल्ला रौतहट मे आजु एगो धर्मशाला के शिलान्यास कईले बानी ।
जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रिय सदस्य तथा समाजवादी युवा संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष भी रहल राज्य मन्त्री यादव रौतहट के दुर्गाभगवती गाँवपालिका २ भलोहिया मे जगदम्बा माता के परिसर मे सामुदायिक भवन धर्मशाला के शिलान्यास कईले बानी ।
लाखो के लागत मे निर्माण होखे लागल उ धर्मशाला के राज्य मन्त्री यादव आजु एगो कार्जक्रम के बीच शिलान्यास कईले बानी । मन्त्री यादव निर्वाचन के समय जनता से कईल प्रतिवद्धता मुताविक उ धर्मशाला शिलान्यास करके निर्माण काम अगाडि बढवले बाडन ।
कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के केन्द्रिय कार्यकारीणी समिति सदस्य तथा पुर्व मन्त्री अनिल कुमार झा, प्रदेश २ के भौतिक पुर्वाधार राज्य मन्त्री डा. डिम्पल झा, जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रिय सदस्य रेवन्त झा लगायत के अनेकन नेता कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।





