पर्सा में कांग्रेस के देउवा पक्ष के जिला भेला, १५वाँ महाधिवेशन सफल बनावे खातिर जुटे के आह्वान
पर्सा में कांग्रेस के देउवा पक्ष के जिला भेला, १५वाँ महाधिवेशन सफल बनावे खातिर जुटे के आह्वान

वीरगंज ७ असोज
नेपाली कांग्रेस के पूर्व सभापति शेरबहादुर देउवा पक्ष के ओर से पार्टी के १५वाँ महाधिवेशन के सफल बनावे खातिर पर्सा में जिला स्तरीय भेला के आयोजना कइल गइल बा। भेला में देउवा पक्ष से जुड़ल नेता आ कार्यकर्ता सभ के उल्लेखनीय सहभागिता रहल।
भेला के सुरुआत राष्ट्रिय गान से कइल गइल। ओकरा बाद शहीद लोग के सम्मान में एक मिनट के मौनधारण कइल गइल।
कार्यक्रम के अध्यक्षता नेपाली कांग्रेस के पूर्व महासमिति/महाधिवेशन प्रतिनिधि आ पूर्व क्षेत्रीय सभापति विजय कर्ण कइले रहलें। प्रमुख अतिथि के रूप में पार्टी के केन्द्रीय प्रतिनिधि सुरेन्द्र न्यौपाने सहभागी रहलें।
भेला में वैकुण्ठ श्रीवास्तव आ विजय उपाध्याय वरिष्ठ अतिथि के रूप में उपस्थित रहलें। ओही तरह दिलीप बराल, शिवम लामिछाने, मनोज यादव, राजेन्द्र प्रसाद सिंह आ शिवनारायण कुशवाहा लगायत नेता अतिथि के रूप में सहभागी रहलें।
कार्यक्रम में सुरेन्द्र लामिछाने स्वागत मन्तव्य देत सहभागी नेता आ कार्यकर्ता सभ के स्वागत कइलें। उहाँ भेला के उद्देश्य आ महत्त्व पर प्रकाश डालत पार्टी के संगठन के अउरी मजबूत आ प्रभावकारी बनावे पर जोर देलें।
संगठन मजबूत बनावे पर जोर
आयोजक के मुताबिक, भेला के मुख्य उद्देश्य नेपाली कांग्रेस के १५वाँ महाधिवेशन सफल बनावे खातिर आवश्यक तैयारी, संगठनात्मक समन्वय आ जिला स्तर पर पार्टी के गतिविधि के प्रभावकारी बनावल रहल।
देउवा पक्ष के ओर से महाधिवेशन के तैयारी खातिर देशभर में संगठनात्मक गतिविधि तेज कइल गइल बा। एह क्रम में पर्सा खातिर केन्द्रीय प्रतिनिधि सुरेन्द्र न्यौपाने के जिम्मेवारी देहल गइल बा।
भेला में सहभागी नेता लोग जिला तह से पार्टी के संगठन के व्यवस्थित बनावे, नेता–कार्यकर्ता के बीच समन्वय बढ़ावे आ महाधिवेशन के तैयारी के प्रभावकारी बनावे पर जोर देलें।
कार्यक्रम के उद्घोषण नेपाल कांग्रेस युवा नेता मनोज कुमार साह कइले रहलें।





