कोल्हवी तिसरा गोल्ड कप बारा ११ फाईनल जितलख

प्रभु यादव÷
बारा २९ फागुन,
बारा के कोल्हबी नगरपालिका वडा न.६ मो रहल कुमरगढी खेल मैदान मे भईल फाईनल खेल बारा ११ जितले बा ।
फाईनल खेल मे बारा ११ आ गोल्डेन स्टार क्लव दुहबी सुनसरी के बिच भईल खेल मे ० के बिरूद्ध २ गोल से बारा ११ बिजयी भईल बा ।
जनशक्ति कल्ब कोल्हबी, समाज बिकास युवा कल्ब कुमरगढी, सनसाईन युवा कल्ब प्रसौना, श्रीसिरसा गढीमाई युवा कल्ब अधनवा बारा के सयुक्त आयोजना मे आ कोल्हबी नगरपालिका मुख्य सहयोग मे तिसरा कोल्हबी गोल्ड कप फुतबल प्रतियागिता सञ्चालन कईल गईल रहल ।
समापन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि कोल्हबी नगरपालिका के नगर प्रमुख भरत भण्डारी बिजेता भईल टिम के ट्रोफी गोल्ड मेडल आ नगद प्रदान कईले रहलन ।
कार्यक्रम के अध्यक्ष जनशक्ति क्लब के अध्यक्ष त्रियोगि राउत थारू के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे विजयी भईल बारा ११ के नगद दु लाख आ उपविजेता भईल दुहबी सुनसरी टिम के एक लाख नगद सहित ट्रफी देहल गईल ।






