सरकारी विज्ञापन नीति के खिलाफ वीरगंज में पत्रकार के विरोध, प्रधानमंत्री के नाम ज्ञापनपत्र
सरकारी विज्ञापन नीति के खिलाफ वीरगंज में पत्रकार के विरोध, प्रधानमंत्री के नाम ज्ञापनपत्र

वीरगंज, १० वैशाख
सरकारी विज्ञापन के खाली सरकारी सञ्चार माध्यम तक सीमित करे के निर्णय के खिलाफ वीरगंज के पत्रकार में कड़ा विरोध देखे के मिलल। नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के नेतृत्व में पत्रकार प्रधानमंत्री के नाम ज्ञापनपत्र पेश कइलन, जवन प्रमुख जिल्ला अधिकारी भोला दहाल मार्फत पठावल गइल।
ज्ञापनपत्र में कहल गइल बा कि एह फैसला से लोकतांत्रिक मूल्य–मान्यता पर सीधा चोट पड़ता। जनमत से बनल सरकार अगर मीडिया के रोजगारी पर असर डाले, त ई लोकतांत्रिक अभ्यास के खिलाफ मानल जाई।
महासंघ के अनुसार, सरकारी विज्ञापन के सीमित कर देवे से निजी आ सामुदायिक मीडिया के आर्थिक आधार कमजोर हो जाई। सूचना के प्रवाह में असमानता बढ़ी आ आम नागरिक के सूचना तक पहुँच प्रभावित हो सकेला। देशभर में सैकड़ों रेडियो, पत्र–पत्रिका, टीवी आ अनलाइन माध्यम विज्ञापन पर निर्भर बा, आ एह निर्णय से हजारों पत्रकार आ सञ्चारकर्मी के रोजी–रोटी पर संकट आ सकेला।
महासंघ एह फैसला के खुला बाजार आ प्रतिस्पर्धात्मक प्रणाली के मर्म के खिलाफ बतावत राज्य–नियंत्रित सूचना प्रणाली के बढ़ावा देवे के संकेत मान रहल बा।
एह सन्दर्भ में महासंघ चार बिंदु के मांग रखले बा— परिपत्र के तुरन्त खारिज कइल जाए, विज्ञापन वितरण के पारदर्शी आ समानुपातिक बनावल जाए, संकटग्रस्त मीडिया क्षेत्र के बचावे खातिर दीर्घकालीन नीति बनावल जाए आ सञ्चार सम्बन्धी निर्णय में सरोकार वाला पक्ष से अनिवार्य परामर्श कइल जाए।
पर्सा शाखा अध्यक्ष ओमप्रकाश खनाल, केसि लामिछाने, श्याम बंजारा, युबराज खडका, अजय कुमार चौरसिया सहित कई पत्रकार के मौजूदगी में ज्ञापनपत्र सौंपल गइल। पत्रकार सरकार से मांग कइलन कि जल्दी से जल्दी एह मुद्दा पर उचित निर्णय लेके मीडिया क्षेत्र के बचावल जाए।






