गौर नगरपालिका मे विकास के नाम मे बढल चरम लापरबाही

मेवालाल यादव
रौतहट १७ भादो
गौर नगरपालिका कार्यालय भितर बढत गईल चरम लापरवाही के चलते स्थानीयलोग दुःख सहत आईल बाडन ।
विकास के नाम मे बढत गईल चरम लापरवाही के चलते स्थानीय तथा यात्रीलोग के समस्या सहेमे बाध्य भईल बाडन । गौर नगरपालिका के नगर प्रमुख अजय कुमार गुप्ता २० बरीस मे ना भईल बिकास के काम ४ बरीस मे पुरा करेके ठोकुवा करत चुनाव जितेमे सफल भईला पर भी अभी तक गौर नगरपालिका भितर रहल सडक जईसन के तईसन रहल मिलल बा । गौर के मुल सडक के साथे प्रमुख प्रवेशद्वार के रुप मे रहल मितेरी पुल के अवस्था भी दयनिय होत गईल बा ।
माकिर कभो भी कमिसन के भागबण्डा ना मिलला पर बिकास के काम होखे ना सकल प्रष्ट देखल जा सकता । स्थानीय युवालोग समाजिक संजाल के माध्यम से गौर नगरपालिका भितर भईल बिकास के बारे मे बेर बेर समाचार उजागर कईला पर भी नगरपालिका प्रमुख गुप्ता ओकरा ओरी कउनो चासो देखावल नईखे मिलल ।
अभी गौर नगरपालिका भितर रहल सडकसब के अवस्था दयनीय बनत गईला के चलते स्थानीय तथा यात्रीलोग समस्या भोगत आईल बाडन । गौर नगरपालिका भितर रहल स्थानीय तथा आवगमन करेवाला यात्रीलोग के भी उ समस्या के सामना करत आईल बाडन । हरेक दिन पड रहल पानी से खराब भईल रोड मे पानी जम्मा हो रहला के चलते यात्रुलोग मे भी समस्या थपाईल बा ।
गौर नगरपालिका भितर हरेक बरीस करोडो बजेट अईला पर भी आपन कर्मचारी लगायत आसेपासे के पोसेके बाहेक आउर कुछो करे ना सकल स्थानियलोग आरोप लगवले बाडन । गौर नगरपालिका भितर रहल अधिकांश सडकसब के निर्माण काम होखे से पहिले अगाडी भागबन्डा के बात कईल जाला, एक जने स्थानीय आरोप लगवनी ।
उ नगरवासी भईला के चलते आपन नाम उजागर ना करेके सर्त मे पहिले भागबण्डा के बात होखेला आ ओकरा बाद काम होखेवाला भईला के चलते विकास के काम मे तेजी होखे ना सकल बतवनी ।
भागबण्डा के बात मिलला के बाद ठेकेदार कम्पनी भी कमसल सामान प्रयोग कईला के चलते निर्माण त होखी माकिर ६ महिना भी ना टिकेला कहके उ आरोप लगवनी । एने गौर नगरपालिका भितर भईल विकास के बारे मे नगर प्रमुख अजय गुप्ता से बुझेके खोजला पर उनकर मोवाईल मे सम्पर्क होखे ना सकल ।






