पर्सा के तीन गाँवपालिका मे आउर ७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज २१ जेठ
पर्सा जिल्ला मे आउर ७ जने मे आजु कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पताल के पीसीआर ल्याब मे कईल परीक्षण मे आउर ७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह बतवनी ।
कालिकामाई २ भेडियारी निवासी ३० बरीस के आ ४५ बरीस के पुरुष, वार्ड एक तीन डोबिया के एक ३० बरीस के आ एक जने वार्ड ५ विरन्चीबारवा के १६ बरीस के युवक रहल बाडन ।
८ दिन पहिले भारत से फिर्ता भईल उलोग के कालिकामाई गाँवपालिका के हरिहरपुर विर्ता मे रहल क्वारेन्टाइन मे राखल गईल रहे ।
बितल एतवार के २१ जने के थ्रोट स्वाब संकलन कईल रहे, जउना मेसे चार जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल जनावल गईल बा ।
सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के बितल जेठ १४ मे भारत के लुधियाना आ बनारस से फिर्ता भईल दु जने मे कोरोना संक्रमण भईल बतवनी ।
सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका–२ गुलरिया टोल के ४९ बरीस के आ जमुनिया के २५ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बितल सोमार के दिने देउरवाना के क्वारेन्टाइन मे रहल २४ जने के स्वाब संकलन कईल रहे, जउना मेसे दु जने मे पोजेटिभ आईल बा ।
एहितरे विन्दवासनी गाँवपालिका के झौवास्थित क्वारेन्टाइन मे रहल ३४ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
विन्दबासिनी गाँवपालिका के संक्रमित के रात मे हि नारायणी अस्पताल मातहत के गण्डक कोभिड अस्पताल मे लियावल गईल बा आ आउर के आजु लियावे के नारायणी विशेष अस्पताल जनवले बा ।
एकरा से पहिले हि ५० बेड आइसोलेसन क्षमता भईल गण्डक अस्पताल मे २३ जने संक्रमित ईलाज करावत रहलन । वीरगंजस्थित पीसीआर ल्याब मे मंगर के दिने तीन सिफ्ट मे १ सय ५७ जने के स्वाब परीक्षण कईल रहे । पर्सा मे अभी तक ३ हजार ८ सय ६७ जने के स्वाब कलेक्सन कईल बा ।
१४ गो पालिका मे स्थापना कईल ३६ गो क्वारेन्टाइन केन्द्र मे ८० जने जनानी सहित ७ सय २३ जने शंकास्पद संक्रमित के राखल गईल बा ।






