बारा के पचरौता १ के वार्ड अध्यक्ष के मृत्यु

वीरगंज २८ कातिक
बारा के पचरौता नगरपालिका–१ के वार्ड अध्यक्ष जगतनारायण प्रसाद यादव के आजु मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज स्थित प्रभु अस्पताल मे ईलाज के समय मे ६५ बरीस के यादव के मृत्यु भईल बा ।
ढाड मे समस्या भईला के बाद शुक से ईलाज के खातिर उनका के प्रभु अस्पताल मे लेगईल रहे ।
अस्पताल के आकस्मिक कक्ष मे राख के ईलाज करावे के समय मे शुक के दिन के साढे १ बजे उनकर मृत्यु भईल नगर प्रमुख रमेशकुमार यादव बतवनी ।
प्रभु अस्पताल के डाक्टर अभिषेक अर्याल यादव मे उच्च रक्तचाप आ मुटु के समस्या देखल गईल जानकारी देहनी ।
“ढाड, पेट तथा छाती दुखाएके, मुटु के धडकन बढेवाला भईला के बाद उ अस्पताल आईल रहनी । उनका थाइरोइड, मधुमेह उच्च रक्तचाप सँगे मुटु के समस्या भी रहे ।
मुटु २०–३० प्रतिशत मात्र काम कर रहल पुराना कागजातसब से भी देखावेला,” कहत डाक्टर अर्याल, “आकस्मिक कक्ष मे भर्ना भईल समय से हि हमनी समस्या के पहिचान करत रहनी । माकिर उनका के बँचावे ना सकल गईल ।”
स्थानीय तह के निर्वाचन मे तत्कालिन नेकपा एमाले से उ वार्ड अध्यक्ष मे निर्वाचित भईल रहनी ।
वार्ड अध्यक्ष यादव सबेरे तक भी वार्ड मे एगो विवाद समाधान के खातिर छलफल मे रहनी ।
स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद वीरगंज मे ईलाज के खातिर आईल रहनी ।






