बारा मे पत्रकार के पत्नी आ पुलीस जवान सहित २२ जने कोरोना जितलें

प्रभु यादव

बारा २३ जेठ
कोरोना संक्रमित २२ जने कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ गंगापुर के आइसोलेसन से कोरोना जित के डिस्चार्ज भईल बाडन ।

डिस्चार्ज होखेवाला पत्रकार के पत्नी आ पुलीसी जवान सहित २२ जने डिस्चार्ज कईल गईल कलैया अस्पताल के प्रमुख बिरेन्द्र मण्डल जनकारी करावले बानी ।

डिस्चार्ज होखेवाला मे सिम्रौनगढ नगरपालिका के ६ जने, महागढीमाई नगरपालिका के बेतौना के ४ जने, करैयामाई गाँवपालिका के १ जने जनानी, पचरौता नगरपालिका के १० जने आ पर्सा जिल्ला घर भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कार्यरत प्रहरी जवान के डिस्चार्ज कईल गईल प्रमुख मण्डल जनकारी देहनी ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पंडित डिस्चार्ज भईल सबै के स्वास्थ्य लाभ के कमना ब्यक्त करत शुभकामना देहनी ।

डिस्चार्ज भईल लोग के आपन घर मे करेन्टाईन बना के रहे के सल्लाह सुझाव देके पेठावल गईल पडित जनकारी देहनी ।

बारा मे कोरोना जित के घर जाएवाला के संख्या ३४ पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।