विश्व औलो दिवस के अवसर मे पत्रकार लोग सँगे बतकही

वीरगंज १२ बैशाख

“शून्य औलो के लक्ष्य मे पुगत बानी” कहके मुल नारा के साथ स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा विश्व औलो दिवस २०७८ के अवसर मे बतकही कार्जक्रम पुरा कईले बा ।

स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के सभाहल मे आयोजना कईल पत्रकारलोग से बतकही कार्जक्रम मे बोलत स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख कामेश्वर चौरसिया नेपाल के सन् २०२५ तक औलो रोग शुन्य मे पुगावे के लक्ष्य रहल बतवले बानी ।

उ सभी सरकारी स्वास्थ्य संस्थासब मे औलो के जाँच तथा ईलाज निःशुल्क लेवे सकेके बतावत औलो के दवाई खईला के कुछ दिन मे औलो के बेमारी ठिक भईल महशुस करे लागल आ मरेजी के देह भितर भईल औलो के प्रजिवी पूर्ण रुप मे नष्ट करावे खातिर स्वास्थ्यकर्मी के सल्लाह मुताविक नियमित रुप मे सभी दवाई खईला पर मात्र ई बेमारी पूर्ण रुप मे ठिक होखेके बतवनी । प्रमुख चौरसिया अभी दुसरका चरण के कोरोना महामारी के समय भईला से जनस्वास्थ्य के मापदण्ड पाल्ना करेके बतवनी । उ जनस्वास्थ्य के मापदण्ड मात्र पाल्ना कईला पर हद तक कोरोना संक्रमण से बाँचे सकेके बतवनी ।

स्वाथ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरिक्षक जयमोद ठाकुर औलो के टेस्ट सभी सरकारी स्वास्थ्य संस्थासब मे निःशुल्क हो रहल बतवनी । उ औलो सम्बन्धी एक प्रस्तुती राखत औलो से बँचे खातिर सुतेवाला समय मे हरदम मोछरदानी भितर सुतेके, मोछड के काटला से बँचे खातिर हाथ गोड तोपेवाला किसिम से भरबहिया कपडा पहिनेके, देह के खुल्ला भाग मे मोछड भगावेवाला मलम लगाके मोछड के काटला से बँचे सकेके, घर भितर, बाहर, आङ्गन मे रहला पर मोछड भगावेवाला धुप प्रयोग करेके लगायत के सवधानी अपनाउनु पडेके बतवनी । उ औले के मुख्य लक्ष्णसब एक दिन अतरिया के भा हरेक दिन बोखार लागेके, काम बोखार आवेके, पसेना आवेके, मुडि दुखाएके भा उलटी होखेके रहल बतवनी ।

स्वास्थ्य कार्यालय प्रमुख चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, सचिव भुषण यादव, स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के अनिल कुमार सिंह, मोहनलाल साह लगायत संचारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।