वीरगंज मे कईल परीक्षण मे ८० जने मे कोरोना पुष्टि

वीरगंज १४ भादो

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ६ महिने बच्चा से ९७ बरीस उमिर समूह के ८० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

संक्रमित मेसे ४७ जने पर्सा के, ३० जने बारा के तथा मोरङ आ काठमाण्डु के–१÷१ जने बाडन । पर्सा के पोखरिया मे मात्र १२ जने मे संक्रमण देखल गईल बा आ बाँकी वीरगंज महानगरपालिका के संक्रमित बाडन ।
बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका के ३ जने, महागढीमाई नगरपालिका के २ जने, जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के २ जने आ कलैया उपमहानगरपालिका के अनेकन वार्ड मे संक्रमित मिलल बाडन । संक्रमित मेसे २ जने के उमिर खुलावल नइखे ।

पर्सा मे एकरा से पहिले ४ सय ६३ जने जनानी सहित २ हजार १ सय १३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । ६ सय ४७ जने कोरोनामुक्त होके घर फिर्ता भईल बाडन । शनिचर के दिने मात्र ६१ जने कोरोना संक्रमणमुक्त होके घर गईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

३६ जने जनानी सहित १ सय ४ जने अस्पताल के आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल बाडन । १ सय ९९ जने जनानी सहित ९ सय ३१ जने होम आइसोलेसन मे बाडन ।

अभी तक १९ हजार ४ सय ३८ स्वाब नमुना संकलन कईला मे २ सय ४० गो रिपोर्ट आवेके बाँकी बा ।
पर्सा मे मात्र कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ३६ पुगल बा ।

७० बेड के नारायणी अस्थायी कोभिड अस्पताल गण्डक मे १९ जने जनानी सहित ५० जने ईलाज करा रहल बाडन । जउना मेसे ९ जने आइसियू मे बाडन ।

१ सय २० बेड क्षमता के कोभिड अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे १७ जने जनानी सहित ५४ जने ईलाज करा रहल बाडन । जउना मेसे १९ जने आइसियू मे बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।