बहुदरमाई नगरपालिका मे विद्यार्थीलोग कईलें तोडफोड आ आगजनी, पुलीस आ विद्यार्थी बिच झडप

वीरगंज १० माघ,
पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–३ नगरदाहस्थित महावीर साह माध्यमिक विद्यालय के विद्यार्थीलोग शुक के दिने प्रदर्शन कईले बाडन । विद्यालय मे नियमित पठन पाठन ना भईल कहत उलोग प्रदर्शन कईले बाडन ।
विद्यालय मे प्रदर्शन के बाद नगरपालिका मे पत्र बुझावे गईल विद्यार्थी आ पुलीस बीच झडप भी भईल बा । झडप मे पर के कुछ विद्यार्थी घायल भी भईल बाडन ।
झडप मे किलास ९ के सञ्जयकुमार तुराहा, अजय कुमार तुराहा किलास ७ के शेषनाग प्रसाद यादव, पुनिता कुमारी पटेल घायल भईल बाडन । उलोग के नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । मुडि आ गोड मे चोट लागला पर भी अवस्था सामान्य बा ।
पत्र मे ०६७ भादो से तलब ना मिलला से शिक्षकलोग अनुपस्थित रहला पर कपी जाँच करेमे कठिनाइ भईल उल्लेख बा । विषयगत शिक्षक आ नगरपालिका से आईल शिक्षक के तलब निकासा करे खातिर पत्र मे माग कईल गईल रहे ।
विद्यार्थी शुरु मे विद्यालय मे प्रदर्शन कईले रहलन । विद्यालय के प्रधानाध्यापक लेटर प्याड मे लिख के पत्र बनईला के बाद बुझावे खातिर नगरपालिका के कार्यालय मे गईल रहलन । माकिर नगरपालिका मे नगर प्रमुख, उप प्रमुख ना मिलला के बाद उलोग नगरपालिका मे तोडफोड आ आगजनी कईले रहलन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से देहल जानकारी मुताविक विद्यार्थी एगो मोटरसाइकल, कुछ थान फर्निचर, कम्युटर के पार्टपुर्जा जरवले बाडन । डीएसपी वीरेन्द्र शाही विद्यार्थी तोडफोड आ आगजनी मे उतरल जानकारी मिलला के बाद पुलीस पुगल जानकारी देहनी । उ विद्यार्थीलोग उपर लाठिचार्ज ना भईल बतवनी ।
‘तोडफोड आ आगजनी भईल खबर मिलला के बाद पुलीस पठावल गईल बा । पुलीस पुगला पर आगजनी आ तोडफोड भइल रहे,’ कहत उ ‘पुलीस जाके उलोग के बाहर निकाल के शान्त बनवले रहे । धकेला धकेल मे पड के कुछ विद्यार्थी सामान्य घायल भईल होखिहन ।
विद्यालय मे बालविकास से किलास १० तक अध्यापन होखेवाला विद्यालय मे १४ जने शिक्षक शिक्षिका बाडन । विद्यालय मे ९ सय ५० के हाराहारी मे विद्यार्थी अध्ययनरत बाडन । शिक्षक के कमी के चलते पठन पाठन मे बाधा पुगल, पुस्तकालय भईला पर भी बढिया से सञ्चालन ना भईल लगायत के सिकाईत विद्यार्थीलोग के बा ।





