वीरगंज ‘पूर्ण खोप सुनिश्चित महानगर’

वीरगंज ३१ असाढ
वीरगंज महानगरपालिका के ‘पूर्ण खोप सुनिश्चित’ महानगर घोषणा कईल बा । वीरगंज मे जनमल से १५ महिना तक के लईकालइकी के लगावेवाला १२ किसिम के सभी खोप लगावल गईला से पूर्ण खोप महानगर घोषणा कईल महानगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी जानकारी देहनी ।
बियफे के दिने आयोजना कईल कार्जक्रम मे प्रदेश २ के खानेपानी तथा उर्जामन्त्री ओमप्रकाश शर्मा वीरगंज के पूर्ण खोप सुनिश्चित महानगर घोषणा कईले बाडन । कार्जक्रम मे बोलत खानेपानी मन्त्री शर्मा लईकालइकी के पहिलका अधिकार स्वास्थ्य हि रहल बतवनी । उ कउनो भी लईकालइकी नियमित रुप मे मिलेवाला खोप से वञ्चित ना होखेके बिचार रखनी ।
लईकालइकी के जनमते मातर बीसीजी, ६ हप्ता मे पोलियो, एचआईभी, पीसीजी, डीपीटी, हेपाटाइटिस बी, रोटा, १० हप्ता मे पोलियो, पीसीभी, डीपीटी लगायत सभी खोप महानगर के स्वास्थ्य संस्था मे निःशुल्क उपलब्ध होखेके वीरगंज महानगरपालिका जनवले बा ।
पूर्ण खोप घोषणा करे से पहिले महानगर के ३२ गो वार्ड मे १६ से २३ महिना तक उमिर समूह के लईकालइकी के बारेमे घरधुरी सर्वेक्षण कईल रहे । २९ हजार १९३ घरधुरी मे कईल सर्र्वेक्षण के समय मे १६ से २३ महिना तक उमिर समूह के लईकालइकी २ हजार ६६१ जने मिलल रहलन ।
उ मेसे जनमल से १५ महिना भितर मे सभी १२ किसिम के खोप लगावेवाला लईकालइकी के संख्या २ हजार ६६ जने देखल गईल रहे । ५८७ जने लईकालईकी १२ किसिम मेसे आंशिक मात्र खोप लगवलवे रहलन आ ८ जने के कउनो भी खोप हि ना मिलल रहे ।
छुटल लईकालइकी के १२ किसिम के खोप लगाके महानगर के पूर्ण खोप सुनिश्चित महानगर घोषणा कईल महानगर के स्वास्थ्य तथा सामाजिक महाशाखा प्रमुख अरुण महतो जानकारी देहनी ।






