सापकोटा उपर कउनो मुद्दा नइखे :- दाहाल

चितवन, १० माघ,
पूर्वप्रधानमन्त्री एवं नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ पार्टी नेता अग्नि सापकोटा उपर कउनो मुद्दा ना रहल बतवले बानी । आजु इहाँ पत्रकारलोग से उ सापकोटा उपर मुद्दा बा कहके कईल प्रचार असत्य भईल बतवनी ।
प्रतिनिधिसभा के सभामुख पद मे नेकपा से सिफारिस होके मनोनयन दर्ता कईल सापकोटा विरुद्ध मे मुद्दा भईल सन्दर्भ मे पुछल सवाल मे दाहाल कहनी कि, “हम बेर बेर कह रहल बानी, अग्नि सापकोटा उपर कउनो मुद्दा नइखे ।” सिङ्गै संसद् उलोग के स्वीकार कर चुकल कहत उ कहनी कि, “उनकर पक्ष मे राष्ट्र एक जगहा मे खडा भईल, ई विषय के अनावश्यकरूप मे प्रचार कईला के कउनो औचित्य नइखे ।
दाहाल के गृहजिल्ला चितवन मे कुछ समय एने प्रहरी प्रमुखविहीन भईल सन्दर्भ मे पुछल गईल सवाल मे उ सरकार आपन अनुकूलता मे प्रहरी प्रमुख पठावे के बतवनी । प्रहरी नायब उपरीक्षक बढिया काम कर रहल कहत दाहाल सवाल कइनी, “इहाँ सुरक्षा खतरा पैदा भईल बा ? हमरा त कुछो भईल जइसन लागल नइखे ।” प्रहरी प्रमुख के आवत बानी कहके बात सरकार से हि कहके उ बतवनी । दाहाल नवलपरासी मे होखेवाला दु कार्जक्रम मे सहभागी होखे खातिर हवाईमार्ग होत ईहाँ आईल बानी ।



