बंगलादेश मे हिन्दु सब उपर जिहादी सब के क्रुरता काम के विरोध करत ज्ञापन पत्र

प्रभु यादव

बारा १२ कातिक

विश्व हिन्दु परिषद नेपाल जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

बंगलादेश मे हिन्दु सब दशैं मे दुर्गा पुजा मनावत समय मे मुसलमान जिहादी सब पण्डाल तोड देवेके, व्यापार मे लुटपाट, घर मे तोडफोड कईल कार्य के विरोध करत प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रीपरिषद के कार्यालय मे पहुचावेला जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

बारा शाखा के अध्यक्ष मदन यादव के अगुवाई मे बुझावल ज्ञापन पत्र मे बगला देश के चन्दपुर, चटगाव, गाजीपुर, बन्दवान मोलवीबजार लगायत के क्षेत्र मे बगलादेशी इस्लामीक जिहादी समूह दुर्गा पुजा के पण्डाल, मन्दिर आ हिन्दु लोग के घर आ व्यापारी प्रतिष्ठान मे लुटपाट आ व्यापारी मे आक्रमण आ लुटपाट कईल लोग के कानुन अनुसार कारवाही करे के बंगलादेश के कानुन के बनाकर के माग करत ज्ञापन बुझावले बा ।

नेपाल सरकार बंगलादेश के कारवाही करेला दवाव करे के माग कईले बा । ज्ञापन पत्र मे नेपाल मे इस्लामीक जिहादी सब सक्रिये होखेके तयारी करहल बा ओकरा से संचेत आ सतर्कता बने के माग कईले बा । जिल्ला प्रमुख अधिकारी कृष्ण बहादुर कटवाल ज्ञापन पत्र बुझात सम्बन्धित जगह मे ज्ञापन पत्र के पेठावे के आशा दिलावले बा । अध्यक्ष यादव के नेतृत्व मे पुगल जवना मे कोषाध्यक्ष कईभ श्रेष्ठ रहल रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।