शहीद के योगदान से गणतन्त्र :- मेयर शाक्य

काठमाण्डु १० माघ,
शासकीय शक्ति जनता के हाथ मे पुगावे खातिर बलिदानी देवेवाला शहीद के योगदान के चलते नेपाल मे गणतन्त्र लियावे मे सफल भईला मे वक्तालोग जोड देहले बानी । काठमाण्डु महानगरपालिका से आयोजना कईल शहीद सप्ताह कार्जक्रम अन्तर्गत पहिलका दिन आजु शहीद शुक्रराज शास्त्री के प्राणदण्ड देहल गईल स्थान टेकु पचली मे श्रद्धाञ्जलिसभा के सहभागी उ धारणा रखले बानी ।
महानगरपालिका प्रमुख विद्यासुन्दर शाक्य दल के बात करे ना मिलेके समय मे ज्यान के ख्याल ना करके प्रजातन्त्र के पक्ष मे ज्यान आहुति देवेके शहीदलोग के योगदान सभी के खातिर मार्गदर्शक रहल बतवनी । प्रजातन्त्र प्राप्ति के खातिर ज्यानदण्ड मिलल चार शहीद के पूर्णकद के शालिक स्थापना करेके समय मे ई बरीस महानगर धर्मभक्त माथेमा, गङ्गालाल श्रेष्ठ आ दशरथ चन्द के शालिक प्रतिस्थापन करत बा । बितल बरीस माघ १० गते टेकु पचलीस्थित खरीबोट के निचे आयोजना कईल श्रद्धाञ्जलिसभा मे शुक्रराज शास्त्री के शालिक के अनावरण कईल गईल रहे ।
राणा शासन विरुद्ध लागल कहत शास्त्री के विसं १९९७ माघ १० गते टेकु पचलीस्थित खरीबोट मे आ माथेमा के सिफल बकाइना के गाछि मे लटका के प्राणदण्ड देहल गईल रहे । एहितरे श्रेष्ठ आ चन्द के शोभा भगवती मे गोली मारके प्राणदण्ड देहल गईल रहे । शास्त्री विसं १९५० वनारस मे जनमल रहनी ।
वार्ड नं १२ से रु १० लाख खर्च करके पित्तल के साढे पाँच फिट उँच शास्त्री के पूर्णकद के शालिक रखले बा । शास्त्री के खरीबोट के उत्तर मोहडा मे लटकावल गईल रहे । ई शालिक महेश तुलाधर चार महिना लगा के तइयार कईले रहनी । शास्त्री के श्रद्धाञ्जलिसभा भईल ई जगहा के विसं २०३५ मे तत्कालीन काठमाण्डु नगर पञ्चायत शिलालेख राख के संरक्षण शुरु कईले बा ।
शहीद सप्ताह के बाँकी कार्जक्रम मे इहे माघ १३ गते सिफल मे शहीद माथेमा अमरत्व प्राप्त कईल जगहा मे आ माघ १५ गते शोभा भगवती मे शहीद श्रेष्ठ आ चन्द अमरत्व प्राप्त कईल जगहा मे श्रद्धाञ्जलिसभा कईल जाई । एहितरे माघ १६ गते शहीद स्मारक लैनचौर मे ज्ञात अज्ञात शहीद उपर श्रद्धाञ्जलिसभा कईल जाई । महानगरपालिका विसं २०१२ से शहीद सप्ताह मूल समारोह समिति गठन करके मनावे लागल बा ।






