
वीरगंज १२ माघ,
भारतीय महावाणिज्य दूतावास वीरगंज भारत के ७१ वाँ गणतन्त्र दिवस अनेकन कार्जक्रम के साथ मनवले बा ।
भारतीय महावाणिज्य दूतावास के परिसर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत गद्दी, भौतिक पूर्वाधार विकासमन्त्री जितेन्द्र सोनल, पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव लगायत प्रदेश तथा संघ के सदस्यलोग फुलौना उडा के कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहलन ।
महावाणिज्यदूत नितेश कुमार भारत के राष्ट्रपति कार्यालय से जारी सन्देश वाचन कईले रहनी । राष्ट्रपति के सन्देश मे विश्व के बडका प्रजातान्त्रिक देश भारत आपन नागरिक के सामाजिक, आर्थिक आकांक्षासब पूर्ति करे खातिर प्रतिबद्ध रहल कहल गईल बा ।
नेपाल–भारत बीच मैत्रीपूर्ण सम्बन्ध सदिओ से रहल आ खुला सिमाना से ई सम्बन्ध के अद्वितीय बनावल गईल उल्लेख बा ।
भारत सरकारद्वारा छात्रवृत्ति, बस, एम्बुलेन्स प्रदान, नदी तटबन्ध, एकीकृत भन्सार जाँचचौकी, रेलवे लिक बनावे के काम मे सहजोग होत आईल सन्देश मे जनावल गईल बा ।

कार्जक्रम मे अनेकन विद्यालय के विद्यार्थीलोग भारतीय तथा नेपाली संस्कृति झल्केवाला सांस्कृतिक कार्जक्रम भी कईले रहलन ।
प्रदेशसभा सदस्य भिमा यादव, करिना बेगम, राम सहाय यादव, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी जितेन्द्र बस्ने, नेशनल मेडिकल कलेज के प्रबन्ध निर्देशक बसरुदिन अंसारी, राजपा के शिव पटेल, निजामुदिन समानी, प्रहरी नायब उपरिक्षक गौतम थापा
भारतीय महावाणिज्य दुतावास वीरगंज के उप महावाणिज्यदुत रमेश चतुर्वेदी, वाणिज्य दुत बिनोद लोसाली, डा. कोटरास्वामी, नि. सुरेस कुमार लगायत अनेकन जिल्ला से राजनीतिक दल के प्रतिनिधि, सुरक्षाकर्मी, बुद्धिजीवी, समाजसेवी, व्यापारीलोग के सहभागिता रहल रहे ।









